भारतीय सभ्यता संस्कृति ओकर पौराणिक जन-जीवन , रहन –सहन , खान-पान , दुख-विलाप , हर्ष- उल्लास का साठे जीवन का हरेक पहलू जनम से लेके मरन तक के बखान हमनी का लोकगीत भा लोकगाथा में गतिबद्ध बा, जवन एक पीढ़ी से दूसरा पीढ़ी तक आसानी से पीढ़ी दर पीढ़ी भेंटत बा। कवनो भी क्षेत्र के पौराणिक वस्तु स्थिति के जाने के खातिर उहाँ क भाषा में रचल बसल साहित्य के अवलोकन होला । हरेक क्षेत्र के आपन एगो अलग लोक संस्कृति , रीति-रिवाज , खान-पान, पर्व-त्योहार , रहन-सहन के साथ जय पराजय के गाथा होला , जवना में कुछ कथा-कहानी ,किस्सा गाथा का रूप में सुरक्षित –संरक्षित बा। त कुछ लोकगीत के रूप में चिरस्थाई बा। इनसाइक्लोपीडिया ब्रिटेनिका (Encyclopaedia Britannica) में फारसी साहेब के अनुसार (This primitive spontaneous music has been called folk song) एह बात से साफ-साफ एकर पुष्टि होत बा।
इहाँ यदि लोकगीत के बात कइल जाव त ओह में भोजपुरी लोकगीत के एगो लमहर परम्परा आ बृहद भंडार का रूप में संग्रहीत बा। त बहुते समय परिवर्तन का बलिवेदी पर भेंट चढ़ गइल, जवना के आधुनिक काल में संग्रहण आ संरक्षण ना मिलल। भोजपुरी लोक गीतन के बहुतायत आ विविधा के कारण विद्वान लोग भोजपुरी साहित्य में भोजपुरी लोक गीत के वर्गिकरण कइल, जवना से अध्यायान आ अध्यापन में सुविधा भइल। एकरा ला अलग अलग विद्वान लोग आपण मत डीहल, जवना में रामनरेश त्रिपाठी जी का पहिलका लोकगीत संग्रहण आ वर्गीकरण के श्रेय जात बा । ऊ लोकगीत के 11 भाग में वर्गीकृत कइले बारे-
- संस्कार गीत
- चक्की आ चरखा गीत
- धर्म गीत
- ऋतु संबंधी गीत
- खेती संबंधी गीत
- भिखमंगी संबंधी गीत
- मेला संबंधी गीत
- जाती संबंधी गीत
- वीरगाथा
- गीत कथा
- अनुभव के वचन
एही लेखा अलग-अलग विद्वान लोग आपण मत देले बा,जवना में कृष्ण देव उपाध्याय जी का मत से संशोधित सर्वमान्य आ वैज्ञानिकता के करीब प्रतीत होत बा । उनुका अनुसार लोकगीत के वर्गीकरन पाँच भाग में कइल बा-
- संस्कार गीत के दृष्टि में
- रसानुभूति के प्रणाली से
- ऋतु आ व्रत का क्रम से
- विभिन्न जाती का प्रकार से
- क्रिया गीत का दृष्टि से
एही तरे सब विद्वान लोग आपन-आपन मत वर्गीकरन का दृष्टि से दिहल। मिला जुला के सबाकर मत एक्के रहल जवना में संस्कार गीत के प्रमुखता सर्वोपरि रहल। मतलब लोकगीत भा भोजपुरी लोकगीत में संस्कार गीत के महत्ता आ परम्परा बहुते मजबूत आ साफ-साफ देखल जा सकत बा। एही से भोजपुरी कथा साहित्य के वरिष्ठ कथाकार गिरिजाशंकर राय ‘गिरिजेश’ जी ठीके कहले बाड़ें कि “भोजपुरिया संस्कृति, संस्कार आ परम्परा वैदिक काल से आज के आधुनिकता का बाजारो में आपन छाप छोड़े में सफल बा ” । आ हमनी भोजपुरिया के ई बरियार थाती खास पहचान बा।
भारतीय संस्कार, संस्कृति में सोलहो सृंगार आ संस्कार के बात बा जवना में जन्म से पहिले आ मरे के बाद तक के विधि-विधान के दर्शावल गइल बा। सोलहो संस्कार में मुख्य रूप से गर्भाधान,पुंसपवन, सीमंतोन्यन,जात कर्म , नामकरण,निष्क्रमन , अन्नप्राशन चुड़ाकरण, कर्णभेद,विद्यारंभ, उपनयन,वेदारंभ,केशांत , समावर्तन , विवाह आ अन्त्येष्टि मुख्य रूप से मानल गइल बा। संस्कार गीत में जन्मोत्सव गीत, मुंडन गीत, जनेऊ गीत,विवाह गीत मुख्य रूप से बा।
जन्म गीत – भारतीय परम्परा में संतान के जन्म भइला का समय जवन गीत गावल जाला ओकरा के जन्मोत्सव गीत के रूप में जानल जाला।
सोहर– ई लोकगीत मुख्य रूप से बालक का जन्म भइला पर गावल जाला बाक़िर अब बेटियो के जन्म पर सोहर गवात बा , जवना का गवला से घर परिवार में सकारात्मक ऊर्जा के संचार होला । जवना से गर्भवती महिला के मानसिक आ शारीरिक पीड़ा के कम करे ला सोहर गीत लयबद्ध आ सुमधुर होला। घर,पट्टी –पट्टीदार के कुछ पुरनिया बड़ा मन से रुचि लेके गावेला ।
“कहवाँ से कृष्ण के जनम भइलें,कहवाँ बाजेला बधइया हो ललना
केकरि कोखिया सुलक्षिणी किसुन जी जनम लेहलें हो।
मथुरा में कृष्ण के जनम भइलें,गोकुला बधइया बाजे हो
नव मास जब आइल ननदी हँसी बोलेली हो ए ललना
कब दो बबुआ जनमिहें त सोहर गाइब हो। ”
“दस मास जब आइल राजा दशरथ गिरही मंगल हो
ए ललना जनम लिहले तिरभुवन नाथ सं सुखदायक हो।”
छठी गीत – बाल गोपाल के जन्म का छठवाँ दिन कुछ विधि विधान होला, जवना में पूजा पाठ कआ समय गीत गावल जाला। एह में मुख्य रूप से छठी देवी (षष्टि देवी ) जवन एकन्द के पत्नी हई, अइसन मान्यता बा। एह समय में जच्चा बच्चा के आयु बढ़न्ति आ भविष्य उज्जवल होखे के कामना कइल जाला कि आवे वाला समय माई आ बच्चा के साठे घर परिवार खुसहाल रहे आ धन धान्य के बढ़न्ति होखे –
ढोलिया त बाजे सुन्नर, बजत सोहावन हो
अरे बाजे रामा दशरथ दुअरिया कोसिला जी अँगना हो
बबुआ चलऽ गज ओबरी लियाव छठिया धराबहु हो
का सासु ओबरी लिपाई त छठिया धराई नु हो
बरही गीत – ई गीत लदिका भइला के 12 वां दिन पूजा-पाठ विधि विधान का अवसर पर गावल जाला । एकरो विधि-विधान छठियारे जइसन होला ।
बधाई गीत– एह गीत का साथे महिला बच्चा आ ओकर माता पिता आ परिवार के साथे आस परोस के लोग बधाई देला आ नेग माँगेला।
खेलावन गीत– ई गीत जब बच्चा हाथ पैर मारे लागे आ ठेहुनिए घुसुके लागे आ डेगा डेगी जब चले लागेला , त ई गीत गावल जाला।
मुंडन भा जनेऊ गीत (यज्ञोंपवीत गीत)- ई संस्कार गीत बाल्यावस्था से किशोरावस्था के बीच में कइल जाला । ई संस्कार मुख्य रूप से लोकाचार आ ब्रह्मचर्य के स्थापित मतलब सदाचारी जीवन वीरवान धैर्यवान विवेकशीलता के संयमित कइल जाला , जवना मुंडन आ बाद में जनेऊ के विधान बा।
मुंडन– ई संस्कार मुख्या रूप से जनेऊ से पहिले होला बाकि बहुत जगहा अब संतान के जन्म से ही सलामत भा पुत्र जन्म के कामना से भी कइल जाला, जवना में मन इच्छा संतान के कामना कर मन में कवनो देवी देवता के स्थान पर जाके पूजा-पाठ क के कामना कइल आ फलीभूत हो गइला पर ओहि स्थान पर मुंडन करावल जाला। जवना में फुआ चाहे बहिन के द्वारा आँचल में केस (बाल)लेवे के परम्परा बा।
“मोरा पिछुअरिया तेतरिया त छछन विछन भइलेहे
ताही तरे ठाढ़ कवन फुआ देव से अरज करे हे
आजु देव लाव झरिया बादर जनि देव बरसहु हे
आजु हम जइबो कवन भइया के अँगना
कवन बरुआ के मुंडन हे। ”
जनेऊ- भारतीय परम्परा के साथे भोजपुरिया समाज में जनेऊ के एगो विशेष परम्परा बा। ई परम्परा एगो खास जाती विशेष में होला, जवना में बाल्यावस्था के बाद शिक्षा दीक्षा लेला का बाद विवाह के पहिले कइल जाला आ विवाह का बादो सादा जीवन जिये के होला। एह विधि-विधान में विवाहा तिलक छोड़ के विवाह के हर एक विधि कइल जाला । एह परम्परा के धेय साफ-साफ ब्रह्मचर्य के पालन खातिर कइल जाला । जवन आज के युग में असंभव लाग रहल बा।
विवाह संस्कार – सोलह संस्कार में मुख्य रूप से चार पाँच गो संस्कार के अहमियत बा, जवना में जन्म संस्कार , यज्ञोंपवीत संस्कार, विवाह संस्कार , विवाह भइला का बाद अंतिम अन्त्येष्टि संस्कार ही मुख्य रूप से मानल जाला ।विवाह संस्कार का अवसर पर जवन गीत गवनई होला ओमे मुख्य रूप से मइया गीत,सगुन गीत, तिलक गीत, चुमावन गीत, मंडप गीत, संझा-पराती गीत, मटकोर गीत, हल्दी चढ़ाई गीत, परिछावन गीत, द्वार पूजा गीत, कन्या निरीक्षण गीत, लावा मिलाई गीत, कन्यादान गीत, सिंदूर दान गीत, बेटी बिदाइ गीत , पतोह परिछन गीत जइसन विधि-विधान पर गावल जाला । एकर एगो बहुत पुरान आ लमहर परम्परा बा जवना के कुछ खास अवसर पर प्रस्तुत कइल जाला।
सगुन– ई गीत मुख्य रूप से विवाह के कुछ दिन पहिले गावल जाला । जवना से मालुम चल जाला कि एह घर में विवाह जइसन कवनो मांगलिक शुभ कारज सम्पन्न होखे वाला बा ।
“एह कोरहि नदिया में दहिया, त अमरीत जोरन ए
ए दहिया खइहें राजा रामचंदर होइहें अजरावल ए
से सेनुरा पेन्हिहें सीता देई, इहे हवें सुहवा सोहाग ए । ”
संझा-पराती- संझा गदबेर में मंगल गीत गा के अपना घर परिवार के देवता पीटर के लोग गोहरावे ला आ गोहरवला का बाद झूमर के भी प्रथा बा ।
पराती- पराती में मंगल गान होला। एही तरे हल्दी गीत,बरनेत गीत, कोहबर गीत के अलग-अलग मान्यता बा।
तिलक- एह विधि-विधान का पहिले छेका के परम्परा बा , जवना में बधु पक्ष बार पक्ष के सगुन आ प्रस्तावना देला कि वर हमरा पसंद बा । जवन हमरा बधु आ हमर समाज का स्वीकार बा आ तिलक ओही पुख्ताकरण के प्रमाण बा जवना में वर के पूजा कइला का बाद तिलक लगावल जाला आ उपहार आ सम्मान दिहल जाला । एह सब प्रक्रिया आ स्थिति के सम्पूर्ण विमर्श गीतन में देखे के मिलेला।
आवसु राम चउका चढ़ि बइठसु
तिलक सोभेला लीलार भले हो
राम के माथे मउरी भल सोभे
तिलक सोभेला लिलार हो।
चुमावन– एह गीत के प्रेम स्नेह प्रधान गीत मानल गइल बा , जवना में वर के हाथ में सोना आ पीला अक्षत राख़ के सोहागिन महिला अक्षत के चुटकी में उठा के वर के गोद से लेके मुड़ी तक डालेला आ तरह तरह के गीत गावेला।
चुम चुम चुमावेली अम्मा सोहागिन
चुमावसु हो बबुआ धीरे धीरे
हरदी चढ़ाई गीत– ई गीत मुख्य रूप से कथा मटकोर का बाद गावल जाला , जवना में वर बधु के तेल में सनाइल हल्दी दूब से चढ़ावल जाला आ बाद में लोग एक दोसरा के लगावेला ।
केई जे हरदी उपराजेला केई जे बेसाहेला ए
ए कवन दुलहा के सीखा चढ़ावे ले हरदी सोहावन ए ।
उपटन गीत – हरदी चढ़वला का बाद वर चाहे बधु के पाँच बार उपटन लगावल जाला आ लोग तरह-तरह के गीत गावेला।
द्वार पूजा गीत – बारात आवे के समय लड़की वाला के घरे जब बरात लड़का वाला लेके आवेला , ओह घरी द्वार पर तरह तरह के लड़की पक्ष के द्वारा स्वागत गीत गारी गीत गावल जाला । ई परम्परा बहुत पुरान बा । राजा दशरथ जी आ श्री रामचन्द्र जी के भी जनक पुर में सखी लोग का साथे तरह तरह के गारी सुने के पराल रहे। ओह परम्परा के हमनी आजों ढो रहल बानी ।
स्वागत में गारी सुनाव, सुनाव मोरी सखिया, स्वागत में गारी सुनाव ।
कन्या निरीक्षण गीत- वर के छोड़ , वर के बड़ भाई के साथे उनकर सगा संबंधी बधु पक्ष के आँगन में आके कन्या (बधु) के पुजला का बाद अंग वस्त्र , आभूषण , आदि भेंट स्वरूप में दिहल जाला । जवना के गुरहत्थी भी कहाला।
“आजु के दिन भसुर छुआत बाड़ऽ
भवहि निरेखत बाड़ऽ, टिकवा ले गुरहथत बाड़ऽ
आपन ले अपनावत बाड़ऽ
आजु के दिन भसुर छुअत बाड़ऽ”
कन्यादान :- विवाह के सब विधि-विधान में कन्यादान एगो अलग अति महत्वपूर्ण विधान का रूप में मानल गइल बा। जवना में एगो बाप अपना बेटी जवन हृदय के टुकड़ा के सहृदय वर का हाथ में संउप देत बा , एह बिसवास से कि ऊ ओकरा के आजीवन हर खुसी मान- सम्मान दी , जवन ओकरा माई बाप भाई बहिन से मिलल ऊ आशा करेला आ ओही बिसवास का साथे बेटी के कन्यादान करेला । कन्यादान ही विवाह के एगो अइसन रसम बा कि जेकर करेजा पत्थर के होई, उहो पिघल जाई आ ओकारा आँख से सावन भादों बरसे लागी। कन्यादान का समय में जवन गीत गावल जाला, ओकरा राग अलगे होला । ओह में जवन बेदना होला , ओकरा के सबद में बयान नइखे कइल जा सकत ।
विदाई गीत– ई गीत करूण रस का श्रेणी में आवेला जवन बेटी का विदाई का समय गावल जाला। जवना में वधु(कन्या)अपना पूर्व के जीवन आ घर बार छोड़ के अपना पति का घरे नया जीवन जीये के कामना से जाले आ ओकरा मन में तरह तरह के बात होला । मतारी बाबूजी जवना लइकी के अपना सीना से लगा के ओकरा के हर बुराई से बचा के राखेला आ कि उ केहू दोसार के अमानत ह, ओकरा दोसरा के घरे जाये के बा , इहे सब सोच के हृदय बिदारक गीत का रूप में आम जन मानस का सामने आवेला।
“केकरहिं रोवले राम गंगा बढिअइलीं
केकरहिं रोवले जमुना ए
केकरहिं रोवले राम चरण धोती भींजेले
केकरा नयनवाँ ना लोर ए ।
बाबा के रोवले गंगा बढिअइलीं,अम्मा के रोवले जमुना ए
भइया के रोवले राम चरण धोती भींजेले
भउजी के नयनवाँ ना लोर ए” ॥
कन्या परिदान (पतोह परिछन)- ई गीत वर पक्ष का तरफ से गावल जाला जहवाँ कन्या का दरवाजा पर माई बहिन चाची काकी लोग घर का दरवाजा पतोह के परिछन करेला आ सेंहुर बहोरेला।
सोना के सिन्होरवा लेले अम्मा बाड़ी ठाढ़ हो
खोलऽ बबुआपालकी के पटवा मंगिया बहोरी हो
कइसे के खोली ए अम्मा पालकी के पटवा हो
मोरा गोदी बाड़ी अम्मा धनिया नादान हो ।
भारतीय परम्परा में हर संस्कार विधि विधान खातिर अलग-अलग गीत संगीत बा, जवन आपन पौराणिकता का साथे आधुनिकता के गाथा प्रस्तुत करत देखाई दे रहल बा। एह विशाल देस के विशालता के यशोगान करत बा, जहां पेड़ पौधा , पशु-पक्षी, जड़-चेतन के जीवंतता के दर्शावत अपना परम्परा के निर्वाह करत सम्पूर्ण ब्रह्मांड क आपण सभ्यता संस्कृति आ परम्परा खातिर जानल जाला । मूल रूप से भोजपुरी संस्कृति के परम्परा सनातन सम्मत माती का आयक से पुष्पित पल्लवित बा, जवन भोजपुरी लोकगीतन में मुखर बा। तबो कभी-कभी भौगोलिक बनावट बुनावट का आधार पर संस्कार गीतन में परिवर्तन होला बाक़िर ओहिजा भोजपुरिया संस्कार आ परम्परा सुरक्षित रहेला।
- डॉ सुधांशु कुमार सिंह
ग्राम-धनौती पो0-मशरख
थाना-पानापुर, जिला-सारण
बिहार , मो0-7739515152
संदर्भ ग्रंथ:
- भोजपुरी लोकसाहित्य , डॉ कृष्ण देव उपाध्याय
- भोजपुरी लोक साहित्य, नालंदा खुला विश्व विद्यालय, श्री मार्कन्डेय शारदेय, डॉ दिवाकर पाण्डेय
- भोजपुरी संस्कार गीत , हंस कुमार तिवारी तथा राजबल्लभ शर्मा
- भोजपुरी लोकगीतों में करूण रस, श्री दुर्गा शंकर प्रसाद सिंह
- भोजपुरी संस्कार गीत, विजय बलियाटिक
- भोजपुरी लोक संगीत,डॉ कृष्णदेव उपाध्याय, डॉ रविशंकर उपाध्याय
- भोजपुरी भाषा लोक साहित्य एवं संस्कृति , सिपाही सिंह श्रीमंत
- धरोहर (पारंपरिक भोजपुरी लोकगीत), डॉ ज्योति सिन्हा
- भोजपुरी लोक संस्कृति एवं परम्पराएँ , भुनेश्वर भास्कर
- भोजपुरी लोक संस्कृति, डॉ कृष्ण देव उपाध्याय
- लोक साहित्य का अध्ययन और उसकी समस्याएँ – भोजपुरी लोकसाहित्य