जन्मतिथि – 31/07/1939
पुण्यतिथि – 26/10/2026
भोजपुरी लोकगाथा, लोककला, लोकसाहित्य, लोकगीत, लोकनाट्य-लोकनृत्य के अमर साधक के निधन से भोजपुरी भाषा, साहित्य आ सांस्कृतिक जगत में एगो बड़हन खालीपन, जवन कबो भरा ना सकेला। भोजपुरी के अमर साधक के स्मृतियन के बेर-बेर नमन !
भवानी गांव, विजयगढ़ के रहनिहार, लोरिकायन, आदिवासी जीवन, शैलाश्रित गुहाचित्र, लोकनाट्य एवं नृत्य, विजयमल, भारतीय स्वतंत्रता संग्राम का इतिहास, पूर्वांचल की ग्राम्य संस्कृति, स्वतंत्रता संग्राम के स्वर, उत्तर प्रदेश में पूर्वांचल : व्रत और मेले, झँझरे, गेडुलवांगांगा जल पानी (संस्कार पारम्परिक लोकगीतों का संग्रह), आ अउरी अनेकन गो कृतियन के रचे-गढे वाला, आदर्श इंटर कॉलेज के संस्थापक, लोकवार्ता शोध संस्थान के संस्थापक, लोकवार्ता शोध पत्रिका के संस्थापक, न्यायाधीश दैनिक के संपादक आ संस्थापक आ आदिवासी – जनजाति समूह के प्रिय लेखक रहनी डॉ अर्जुनदास केसरी जी।
कला आ विशेषज्ञ के क्षेत्र में, चार साल ले भारत सरकार के राष्ट्रीय सीनियर फेलो एवं विशेषज्ञ, उत्तर प्रदेश संस्कृति विभाग के विशेषज्ञ (पाँच साल), उत्तर प्रदेश ललित कला अकादमी आ उत्तर प्रदेश संगीत नाटक अकादमी के सदस्य, अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के अध्यक्ष रहनी डॉ अर्जुनदास केसरी जी ।
राष्ट्रीय शिक्षक पुरस्कार, दीनदयाल उपाध्याय सम्मान, यूपी रत्न, लोकभूषण, साहित्यमहोपाध्याय सम्मान, विद्यासागर सम्मान, भोजपुरी शिरोमणि सम्मान, विद्यापति सम्मान, रामनरेश त्रिपाठी सम्मान, राहुल सांकृत्यायन सम्मान, हजारी प्रसाद द्विवेदी सम्मान से सम्मानित कइल गइल रहे डॉ अर्जुनदास केसरी जी के।
(साभार आखर )