करिखा

 

” इन्क्लाब जिन्दाबाद….।  जिला प्रशासन होश में आ…। बलात्कारियन के सजा देवे पड़ी…। सलोनी के न्याय देवे पड़ी…।”   सलोनी के लाश के संगे  हाथ में माइक लेले जुलूस के नेतृत्व करत सुलोचना जोरदार नारा लगावत पूरा शहर बाजार से होत जिलाधिकारी के कार्यालय के नियरा जुलूस  अब धरना प्रदर्शन में बदल गइल ।

शहर के मलिन बस्ती के रहेवाली सलोनी एगो होनहार दलित छात्रा ।  इंटर से स्नातक तक विश्वविद्यालय टांपर,  एम ० ए० के छात्रा रहे।  एगो दलित छात्रा के विश्वविद्यालय टांपर भइला से  जातिवादी छात्रन के आंख में कांट लेखा गडे लागल। जातीय अभिमान आ मेरिटवान होखे के एकाधिकार के अंहकार पर सलोनी सीधा चोट करत रहे।  सलोनी के चार गो सवर्ण सहपाठी जब मोका लागे ओकरा जोरे छेड़छाड़ करे के कोशिश करत रहन सं ।  ढेर दिन से सलोनी के पीछे  हाथ धो के पड़ल रहन सं ।  उप कुलपति से शिकाइतो कइलस  सलोनी , बाकिर कुछ ना भइल ।  ओहनी  के व्यवहार में  कवनो फरक ना परल।  एक दिन मोका पा के ओकरा के बलात्कार कके जान मार के शहर के बाहर सुनसान इलाका में लाश फेक देले सं।  ई चारो धनाढ्य जातिवादी बाप के मनबढू बेटा।  रोपया पइसा के कमी रहे ना।  शहर में रसुखदार बाप के दबदबा। पुलिस प्रशासन के डर एकदमे ना।

सुलोचना दलित समाज के एगो जुझारू संघर्षरत सामाजिक कार्यकर्ता।  छात्र जीवन से जुझारू आ निडर। सुलोचना आरा विश्वविद्यालय में आंबेडकर पेरियार फुले छात्र संघ के एक बेर अध्यक्ष रह चुकल रहे।  अब ऊ ओहि विश्वविद्यालय में इतिहास विभाग में सहायक प्रोफेसर के पद पर कार्यरत।  इनिकर बाबूजी उच्च न्यायालय के अधिवक्ता। जिलाधिकारी कार्यालय के  सोझा सुलोचना के विचारोत्तेजक भाषण सुने खातिर राहगिर के अतना भीड़ हो गइल कि सड़क जाम हो गइल ।

जिलाधिकारी तुरंत बुला के ज्ञापन लेले आ आश्वासन देले,” एक सप्ताह के भीतर सब अपराधी के धर लेवे के आ फास्ट ट्रैक कोर्ट में केस चला के जल्दी से जल्दी सजा दिवावल जाई। आ लाश के पोस्टमार्टम करावे में सहयोग करें के कहलें।” तब धरना प्रदर्शन खत्म भइल।

जगजाहिर बा, जब से ई सरकार आइल तब से हर कुकर्म , सुकर्म हो गइल  नैतिकता के परिभाषा बदल गइल । अनैतिक अब नैतिक के श्रेणी में आके खाड हो गइल ।  अनैतिक करमो अब शान से होखे लागल। जइसे लाज शरम एह सरकार में देश से तड़ीपार हो गइल ।  बेशर्मी छाती चाकर कके खाड हो गइल ।  अब अपराधी के बचावे खातिर धरना प्रदर्शन शुरू हो गइल ।  बलात्कारी के बचावे खातिर सवर्ण समाज जातीय पंचायत त कबो जातीय महापंचायत करे लागल। प्रदेश के मुखिया बलात्कारी के जाति के।  बलात्कारी के बचावे खातिर मैदान में उतर गइलें।  सलोनी के लाश पोस्टमार्टम के बाद परिवार के ना सउप  के प्रशासन लाश के किरासन तेल छीड़िक के जार के सबूत मेटा देलस।  सलोनी कवनो बड़ जात के बेटी निर्भया थोरे रहे जे पूरा देश सड़क उतर जाई।  एगो दलित बेटी के लड़ाई एगो दलित बेटी लडत रहे।

सुलोचना के सलोनी वाला हाल करे के धमकी मिले लागल।  तबो सुलोचना के तेंवर में तनिको नरमी ना।  ओकरा पीछे सैकड़ों महिला, कांलेज में पढ़ें वाली लइकिनो के समर्थन रहे आ ढेरे बुद्धिजीवी के साथ मिलत रहे ।

एक दिन हुड़दंग दल वाला सुलोचना के घर पर आके पथराव करे लगलन सं।  केस वापस लेवे आ केस छोड़ के हट जाय खातिर नारा लगावत रहन सं।  मोहल्ला के सब आदमी लाठी डंडा लेके जुटल तब सब फरार हो गइले सं ।  सलोनी के न्याय खातिर लगातार संघर्ष धरना प्रदर्शन के माध्यम से जारी रहे।  बाकिर जिला प्रशासन ओह बलात्कारियन पर हाथ डाले से अबो हीचिकत रहे।  अदालत के आदेश से पुलिस चारो के धइलस । नीचली अदालत में  सालो केस चलल।  सलोनी के न्याय ना मिलल। तब उच्च न्यायालय में केस चलल।  तारिख प तारिख परे। समय त जादे लागल बाकिर सत्य के जीत भइल।  चारों के सजाय हो गइल।  सुलोचना के बड़ी सुकून मिलल।  ई प्रतिरोध के असर भइल कि पूरे शहर में सुलोचना छा गइल।

(  2  )

सुलोचना के सगरे बड़ाई होखे लागल।

अमर कान्त सुलोचना से एक साल पहिले  आरा विश्वविद्यालय में राजनीति विज्ञान विभाग में सहायक प्रोफेसर बनल रहन।  ई कम्युनिस्ट विचारधारा से प्रभावित।  विचारधारा के स्तर पर दूनों में विरोधाभास।  बाकिर लड़ाई के जमीन वंचित शोषित दूनो खातिर एके रहे।

सुलोचना अक्सरहां कहे” ,कम्युनिस्ट लोग शुरू से डां आंबेडकर के विरोधी।  डां आंबेडकर के खिलाफ जहर उगले से बाज ना आवत रहे लोग।  भले अब राजनैतिक मजबूरी वश लाल सलाम जयभीम कहे परSता।”

ई मजबूरी सुलोचना खूब समझत रहे अमर कान्त के ।  अइसा छात्र संघ में एक बेर पढ़ाई के बेरा सचिव रह चुकल  रहन अमर कान्त। अबकी बेरा सुलोचना के संघर्ष के साथी रहन एह घटना में।  एह घटना के बाद सब संगठन एकजुट हो के सलोनी के न्याय खातिर संघर्ष करत रहे।  धरना प्रदर्शन के बेरा सुलोचना से नजदीकी बढल अमर कान्त के।  सुलोचना के धारदार विचारोत्तेजक भाषण सुन अमर कान्त बहुत प्रभावित रहन।

सुलोचना के बड़ाई में कहस, ” तू लागत नइखू  कि  आरा विश्वविद्यालय  के छात्रा रहल बाडू । माईक धरत बाडू त लागत बा कि जवाहर लाल नेहरू विश्वविद्यालय के छात्रा के सम्बोधन हो रहल बा ।”

” परिस्थिति आ समय आदमी के बोले के सीखा देले।  दोसरा के दर्द जब आपन महसूस होखे लागी तब अपने आप धारदार आवाज निकले लागी।”

एक दिन सुलोचना पैदल बाजारे जात रही।  राह में अमर कान्त नारियल पानी वाला ठेला लगे नारियल काटवावत रहन।  अमर कान्त के नजर परल सुलोचना पर त कहले, आईं सुलोचना जी नारियल पानी पीअल जाए। ”

”   ठीक बा रउवा  पीहि हम एगो काम से निकलल बानी।”

“आई आई….गरमी के मौसम बा।  कवनो नाराजगी का बा हमरा से ?   हमनी के दूनो आदमी एके मैदान के योद्धा बानी जा।”

अमर कान्त के आग्रह के सुलोचना ना ठुकरा पवली।  दूनो लोग नारियल पानी पिए लगलें संगे बतकही होत रहे। अमर कान्त वर्ग के बात के करस त सुलोचना वर्ण के।  अमर कान्त सर्वहारा आ  पूंजीवाद के।  त सुलोचना जातिवाद के। इहे  बुनियादी फरक रहे दूनों लोग के विचारधारा में।  सुलोचना समाज के बिखराव के सबसे बड़ कारण वर्ण आ जातिवाद के माने। जबतक जातिवाद रही देश,  कबो मजबूत ना हो सकेला।  देश के एगो ताकतवर राष्ट्र बनावे खतिर जातिवाद के समूल नाश करे पड़ी।

”  अमर कान्त अपना बाबूजी से मिले खातिर सुलोचना के अपना घरे आवे खातिर आग्रह कइले ।  इनिकर बाबूजी कम्युनिस्ट पार्टी के एक बेरा विधायक रह चुकल रहन। ”

” तोहार बाबूजी से एकबेर जरूर मिलब ,  कह के सुलोचना चल गइली । ”

एतवार के दिन सुलोचना अमर कान्त के घरे जाय खातिर निकलली।  उनुकर मकान के हाता बडहन आ हाता के गेटो बड़।  गेट के फांक से भीतर तक लउकत रहे।  हाता के एगो कोना में छोट मंदिर रहे।  अमर कान्त अधनंगा बदन डांड में गमछी लपेट के पछुआ खोंसले मंदिर के सोझा अगरबत्ती जरवले मूर्ति के सामने घुमावत देख के चिहइली सुलोचना।  ऊ सोच में पड़ गइली।  कम्युनिस्ट विचारधारा के आदमी मूर्ति के सोझा हाथ जोड़े खाड बा।  ढेर लोग से सुनले बानी आ कम्युनिस्टो लोग कहे ला कि कर्मकांड, पाखंड से दूर रहे ला लोग।  बाकिर इहां त कुछ अलगे लउकता।  कथनी आ करनी में कवनो मेले नइखे।  गेट के घंटी वाला स्वीच दबा देलस सुलोचना।  नोकर आके गेट खोललस।  तबतक अमर कान्त कपड़ा

(  3  )

पेन्ह के आ गइले , आ भीतर बइठका में लिया गइले    अपना बाबूजी से परिचय करवलें, “आ कहले कि इहे सुलोचना हई जिनकर संघर्ष से सलोनी के न्याय मिलल। ”

उनुकर बाबूजी खूब बधाई आ आशिष देले सुलोचना के आ आगे हमेशा अन्याय के खिलाफ संघर्ष जारी रखे के कहले।  उनुकर घर में कार्ल मार्क्स, भगत सिंह, लेनिन आ कुछ अउरी कम्युनिस्ट नेता के फोटो टंगल रहे।  बाकिर डां आंबेडकर के फोटो ना लउकल।  चाय के साथे बतकही होत रहे।  उनुकर बाबूजी कम्युनिस्ट पार्टी के संघर्ष के बारे में विस्तार से चर्चा कइले ।  एको बेर डां आंबेडकर के नाम तक ना लेलें ।  थोरे देर बाद लवट गइली सुलोचना। लवट के घर पहुंचत भइल कि सुलोचना के गिरफ्तार करे खातिर पुलिस आ धमकल।  सुलोचना के बाबूजी अधिवक्ता रहले रहन एफ आई आर के कांपी मंगले।  कवनो कागज दिखावे में पुलिस असमर्थ।  पुलिस खाली इहे कहे कि कानून व्यवस्था बिगाड़े के आरोप बा इनिका पर बाकिर कागज देखावे के पुलिस तैयार ना।  ई घटना के सूचना कई लोग से दे देले सुलोचना के बाबूजी ।  सुलोचना के थाना ले जात भइल कि पूरा शहर में ई खबर फैल गइल।  हजारों लोग थाना पहुंच गइल ।  आखिर में पुलिस के सुलोचना के छोड़े परल। कवनो अपराध बतावे के पुलिस तैयार ना रहे।  खाली कहे कि ऊपर के आदेश बा।

सुलोचना के घरे अईला के बाद पुछारो करे खातिर अमर कान्त अपना बाबूजी के संगे अइलें। सुलोचना के बाबूजी  आ अमरकान्त के बाबूजी से मौजूदा सता के चरित्र  आ राजनीति पर चर्चा भइल ।

” नेतन के नैतिक पतन पर दिन पर दिन गिरत स्तर पर चिंता व्यक्त कइलें लोग। देश के जनता के हिन्दू मुस्लिम आ धार्मिक उन्माद में सरकार अझुरा के रख देले बिया। झूठ, अफवाह मीडिया के माध्यम से फैला के मुख्य मुद्दा से ध्यान भटकावे  में सरकार कामयाब बिया। महंगाई, बेरोजगारी, भ्रष्टाचार जसन गंभीर समस्या पर सरकार मौन बिया हत्या,बलात्कार , उत्पीड़न,दमन पुलिस प्रशासन के संरक्षण में हो ता। आ खुलेआम हो रहल बा। कवनो चोरी छुपे ना। आज के समय में थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल बहुत कठिन हो गइल।

अपराधी बाहर मौज कर रहल बा ।  जे पीड़ित बा ऊ जेल में बा ।  संवैधानिक तरीका से प्रतिरोध कइलो पर रोक बा ।  हरेक किसिम के हथकंडा अपना के सरकार चुनाव जीते में कामयाब बिया । कारण कि चुनाव आयोग सरकार के हर करम कुकर्म पर चुप्पी साध के सहयोग कर रहल बा ।  ओह पार्टी के एगो इकाई लेखा व्यवहार कर रहल बा चुनाव आयोग।  विपक्ष के सब शिकाइती आवेदन कुडादान मे ।  सरकार के जनता से कवनो भय नइखे,  ना कवनो मतलब रह गइल बा।  देश प्रजातांत्रिक तानाशाही के कब्जा  में हो चुकल बा ।  बतकही खत्म भइल त अमर कान्त अपना बाबूजी के संगे लवट गइले

गते गते अमर कान्त के सुलोचना से संबंध अतना गाढ़ हो गइल कि मने मने शादी के मन बना लेलें।  बाकिर सुलोचना से ई बात कहे में सकुचात रहन।  एगो त विचारधारा के टकराव रहे।  सुलोचना के अपना शादी के तरफ़ ध्याने ना रहे।  शहर से गांव तक होत उत्पीड़न के खबर सुनके बेचैन हो जाय।  आखिर कानून व्यवस्था में सुधार काहे नइखे होत ?  अपराधी अतना बेलगाम काहे बाड़े स।  एहनी के जेल के भीतर होखे के चाही त बहरी ऐश करत बाड़े सं।   एकर मतलब कहीं ना कहीं राजनैतिक संरक्षण मिलल बा।  जबतक सड़क पर लोग ना उतरी कुछ ना होई।  एही सोच ओकरा के खाय जात रहे।

सलोनी के न्याय खातिर आन्दोलन कइल आ बलात्कारी के सजाय होखे से पूरा जातिवादी लोग सुलोचना पर खफा रहे।  सुलोचना के उत्पीड़न के सिलसिला अउरी तेज हो गइल।  विश्वविद्यालय में आवत जात आ स्टाफ रूम में जातिवादी प्रोफेसर मानसिक प्रताड़ना करे लगलें।  कबो कबो जातिगत टिका टिप्पणी तक कइल जाय लागल।  मेरिट पर सवाल खड़ा करे लागल लोग।  एह खातिर सुलोचना कड़ा विरोध करे। मुंहतोड़ जवाब देवे।  सुलोचना के पढावे के तरीका से छात्र छात्रा खुश रहन।  सुलोचना के क्लास में छात्रन के उपस्थिति अउरी लोग के क्लास से काफी ठीक ठाक रहत रहे।  इनिकर क्लास विरले छात्र छोडत रहन।  एह ममिला मे अउरी प्रोफेसर से भारी परत रहे सुलोचना।   एह से ढेर प्रोफेसर जरतो रहन कि एगो दलित प्रोफेसर के क्लास में काहे अतना छात्रन के भीड़ बा।   इनिका खिलाफ किसिम किसिम के साजिश होखे लागल।  सुलोचना ना कबो डरल ना विचलित भइल ।  अमर कान्त से मिले जुले से इनिकर नाम जोड़ के बदनाम करे के कोशिश भइल।   इहां तक कि अमर कान्त के रखैल तक कहल गइल ।   जब कवनो कुकर्म काम ना आईल त फर्जी दरखास

(  4  )

लिखवा के फर्जी छात्रन से दस्तखत करा के उप कुलपति से शिकायत करावल गइल कि ई क्लास में ठीक से पढ़ावस ना ,आ इनिका कुछ आवे ना।  ई क्लास में खाली डां आंबेडकर के बात करे ली।  इनिकर डिग्री के जांच करावल जाय।  उप कुलपति घोर जातिवादी उनुका मोका मिल गइल , सुलोचना के उत्पीड़न करे के।  उप कुलपति आपन आवास में अकेले रहत रहन।  सुलोचना के आवास में बुलइले ।  सुलोचना आपन बाबूजी के साथे गइल मिले खातिर।  सुलोचना के संगे बाबूजी के देख के उप कुलपति बहाना बना देलें कि आज हमार तबीयत ठीक नइखे बुझात।  वास्तव में ऊ सुलोचना से अकेले मिलल चाहत रहन।  एही चलते उनुकर बाबूजी के देख के उनकर तबीयत खराब हो गइल।  सुलोचना उनुकर नियत भांप लेलस।  ऊ समझ गइल कि उप कुलपति के नियत ठीक नइखे ।  ऊ फेर उप कुलपति से भेंट करे ना गइल । छोड़ देलस कि जवन होई तवन देखल जाई।  उप कुलपति बिना कारण पूछले निलंबित कर देलें सुलोचना के।   चिट्ठी भेज के उप कुलपति से ओह छात्रन के शिकाइती दरखास्त के कांपी मंगलस सुलोचना।  बाकिर उप कुलपति कवनो जबाब ना  देलें।  सुलोचना न्यायालय में फरियाद दायर कइलस ।   न्यायालय से जब ऊ शिकायती दरखास्त के कांपी मांगल गइल तबो उप कुलपति नव गो बहाना बनावे लगले।  जब न्यायाधीश कड़ा रुख अपनवले त तुरंत देवे परल।  ओह दरखास्त में छात्रन के नाम देख के सुलोचना माथा पीट लेलस।   एको लइका उनुकर क्लास के छात्र ना रहन सं।  ना ओह विश्वविद्यालय में पढ़ें वाला छात्र रहन सं।  ओह दरखास्त में सब दोसर दोसर कांलेज के छात्र के नाम रहे।  उप कुलपति के बड़ी डांट परल।  निलंबन वापस भइल आ सुलोचना शान से क्लास लेवे लागल। सब जातिवादी प्रोफेसर के मुंह  प करिखा पोता गइल ।

अमर कान्त सुलोचना से एक तरफा प्यार करे लगलें।  आ एक दिन शादी के प्रस्ताव रख देलें।

सुलोचना चिहाईल आ कहलस ,” हमनी के विचारधारा अलग बा,  आ जातो अलग बा।  हालांकि जात कवनो बड़ मायने नइखे रखत।  बाकिर विचार त मिले के चाही।  अगर विचारधारा हमार अपनो जात के आदमी से ना मेल खाई त हम ओह आदमी से शादी ना करब।  अइसे हम पारंपरिक विवाह के पक्ष में बानी ।   माई बाबूजी वर खोजस जवन वर के विचारधारा , हमार विचारधारा से मेल खात होखे।”

” दूसर बात कि तू कम्युनिस्ट विचारधारा के होके कर्मकांड आ पाखंड , अंधविश्वास में सउनाइल बाड़। ओह पथल के मूर्ति के सोझा अगरबत्ती जरा के पूजा करत देखनी।  जवन पथल के मूर्ति ना चल सके ना बोल सके ओकरा सोझा हाथ जोड़ के मांगे से केकरा का मिलल बा जे तोहरा मिल जाई ?  अतना पढला के बादो जवन आदमी अइसे करी त जे पढल लिखल नइखे  ओकरा से का उम्मीद कइल जाई ?  फिर भी अगर तू अपना के बदल सक त अपना बाबूजी के ह‌मार बाबूजी से बात करे खातिर भेज सकल।  बाकिर जब उहो जान जइहे कि तू लोग कर्मकांडी आ अंधविश्वासी बाड़ त तोहरा लोग से बाते ना करिहें ।  हम अपना बाबूजी के  पसन से वियाह करब।  आपना मने ना कि पढ़ के प्रोफेसर बन  गइनी त जवन मन करे तवन करीं।  ई  हमरा से ना होई ।  बाबूजी आ माई  हमरा पढ़ावे में कतना खून पसेना सूखइले बा लोग।  अब ओह लोग अरमान आ मान सम्मान माटी में मिला दीं ?  कम से कम ई हमरा से ना होई।  हम जानत बानी, हमार बाबूजी आपन विचारधारा से बाहर कवनो हालत में केहू से संबंध ना जोड़ सकस।  दोसर कारण बा कि तोहार मकान के हाता में मंदिर बा, भलही छोटे बा।  ई दखते हमार बाबूजी भड़क जइहे ।  तोहरा घर में सभे पुजारी बा। माई बाबूजी ,बहिन आ तुहू पुजारी । मानत बानी कि तू अपना के बदल लेब,बाकिर माई बाबूजी आ बहिन के कइसे बदल पईब ।  हमरा से वियाह खातिर सब केहू के आस्था पर चोट पहुंचावल आ ई सब छोड़े खातिर दबाव बनावल उचित नइखे ।

एक जना हमार बाबूजी के संघतिया बाड़न ।   उनुकरो लइका जैन कांलेज में प्रोफेसर बा।  आपन लइका के हमरा  से वियाह करे खतिर हमार बाबूजी से बात कइलें ।   बाबूजी कहले कि वियाह त बेटी के करे बा, बाकिर ओकरा लायक वर मिली त जरूर करब।  तोहार लइका के हाई इस्कूल में पढ़त रहे  ओही बेरा के देखल बा।  ओकरा के देखब तब नू कवनो बात होई।   बाबूजी उनका घरे गइले ।  उनुकर ई नयका धर में कबो ना गइल रहन।  संघतिया होखे के नाते सब घर घुमवलें। उनको घर में पूजा घर रहे।  मय देवी देवता के मूर्ति रखल रहे।  फेर लइका के दखले आ बात कइले ।  ऊ अपना लिलार पर लमहर टीका कइले रहे आ कलाई में धग्गी मोटहन लपेटले रहे।  ओकरा के देखते बाबूजी के मन तीत हो गइल।  ई लइका अंधविश्वासी पाखंडी बा।  हमार बेटी संगे एकर पटरी ना बइठी ।  ऊ चुपचाप  लवट के अइलें ।  माई से सब बात बतवलें त माई साफ मना कर देलस कि ओइसन भुताह दुताह घर में वियाह ना होई।  बाबूजी कहलें आरे तू का समझ लेलू देवता के मूर्ति

(  5   )

रखल रहे।  माई कहलस कि हम सब समझत बानी, जहां देवी देवता रहिहें उहां भूत दूत रहबे करी।  एक दुसरा के बिना ना देवता के अस्तित्व रही ना भूत के रही ।  माई के बात सुन के  बाबूजी चिहइले आ कहलें कि तोहार बड़ी बडहन सोच बा।  एही से ओह घर में बात ना बनल।  जब कि ऊ लोग हमार आपन जात के रहे लोग।  हमार बाबूजी के कहनाम बा कि जात पात से मतलब नइखे , विचार मिले के चाहीं ।  हमरा नइखे लागत कि अतना जानलो के बाद हमार बाबूजी से एह ममिला पर तू लोग बात  करें जइब ?”

एक दिन सुलोचना के बाबूजी के अधिवक्ता मित्र रघुवीर मेहता सुलोचना के घरे अइले ।  चाय लेके सुलोचना गइल।  ओकरा के देखले तो दखते रह गइले ।   सुन्दर नाक नक्श, लाम छरहर, गोर रंग, जइसन नाम ओइसन रंग रूप। सुलोचना से बातचीत करके बहुत प्रभावित भइले ।  सुलोचना के बाबूजी से पूछलें कि बेटी के वियाह शादी कतही ठीक कइल कि ना ?

”   ना इयार अभी कहां ठीक भइल?  कवनो योग्य वर मिली तब नू। ”

” आपने जात में करे के बा कि कवनो दोसरो जात में योग्य वर मिल जाई कर सकल ?”

” तू हमरा के जानते बाड़ कि  हम जात पात ना मानी ।  बाकिर दोसर जात केहू तैयार होई तब नू ?”

“ठीक बा तब समझ कि लइका मिल गइल ।”

” कहां के लइका ह, आ का करेला ?”

दोसरा केहू के ना, हमरे लइका बा वियाह करे के ।

“तू हमरा घर में वैवाहिक संबंध जोड़ब ? सच में कि मजाक होता?”

“ना इयार वियाह शादी के ममिला मे मजाक?”

“बाकिर सोच लिह तोहार घर परिवार आ हित नाता, भाई बंधु समाज विरोध ना नू करी? ”

” समाज विरोध,  काहे करी भाई ? वियाह शादी बिलकुल व्यक्तिगत ममिला ह।”

अहथिर से सोच विचार आ घर परिवार से राय सलाह कर के अगर सबके सहमति होई तब हमरा लगे खबर पेठईह ।  तब हम तोहरा लगे आइब त बात आगे बढ़ावल जाई।  आ कइसे कइसे का का कइल जाई ।  बात विचार होई।

दूइ दिन बादे रघुवीर मेहता सुलोचना के बाबूजी से फोन से सब केहू के सहमति के बात बतवलें ।  आ कहलें कि एही एतवार के आके लइका देखे वाला प्रक्रिया कर ल,  त हम आके लइकी देखे वाला प्रक्रिया क लेब।  एकरा बाद वियाह के दिन तय कर लिआई।

एही एतवार के दिन सुलोचना के बाबूजी माई आ दू चार गो सगे संबंधी आ भाई जाके लइका देखले ।  लइका लाम लहकार सुभेखगर रहले रहे आ महाराजा कांलेज में अंग्रेजी के सहायक प्रोफेसर रहे।  ना पसन के बाते ना रहे।  थोरे रोपया लइका के हाथ में सगुन के तौर पर धरवलें।  आ रघुवीर मेहता से कहले कि आके सब परिवार लइकी देख लिआव।

अगिला एतवार के रघुवीर मेहता  सब परिवार आपन संगे संबंधी के साथे आ के सुलोचना के देखे वाला प्रक्रिया पूरा कइले।  सब केहू के लइकी,  पसन परल आ कहले लोग कि खूब बढ़िया जोड़ी लागल बा।

रघुवीर मेहता कहले,” भाई गौतम कुमार (सुलोचना के बाबूजी) लइकी त हम ढेर देखनी एकरो से सुनर मिलल ।

(. 6. )

जवन सोच के स्तर तोहार बेटी में बा कहीं ना मिलल।  सुनर आ सीरत कही , चाहे सुनर आ हूनर कही ई दूनो चीज तोहरा बेटी मे मिलल।  एही से हम तोहार बेटी  के अपना घर के बहू के रूप में सदस्य बनावे के मन बना लेनी।  एकरा खातिर समाज का कही , कहत रहो।  हम जानत बानी हमरा समाज में  ढेर लोग रूढ़िवादी आ जातिवादी मानसिकता के लोग बा।  एकर परवाह हमरा नइखे तनिको।  के का कही? ” एकरा बाद भावी समधी  गले लाग के मिलल लोग फिर वापस लवट गइले लोग।

कुछे दिन बाद गौतम कुमार रघुबीर मेहता घरे जाके आपस में मिल विचार के अपना सुविधा के अनुसार वियाह के दिन धइले ।  कवनो पंडित के ना पूछल लोग।  आ वियाह के तैयारी में लाग गइल लोग।

जातिवादी लोग के निशाना पर सुलोचना रहले रहे।  एक दिन विश्वविद्यालय से लवटत बेरा सड़क पर आके रिक्शा खातिर अभी तुरंते खाड भइल कि एगो स्कार्पियो वाला रगड के निकल गइल ।   फेंका गइल सड़क पर ।  चोट  जादे लागे से बहोश रहे सुलोचना।  ओकरा के जाने चिन्हे वाला के शहर में कमी ना रहे।  दोसर लोग उठा के ले गइले आ अस्पताल में भर्ती करवले ।  ई सूचना पूरा शहर में फैल गइल ।  सुलोचना के बाबूजी, माई आ होखे वाला ससुराल के लोग अस्पताल में पहुंचले। ओकर पांव के अंगुली पर गाड़ी के चक्का चढ़ गइल रहे। पांचो अंगुली बरबाद हो गइल रहे।  सुलोचना के बाबूजी से अस्पताल के डाक्टर बतवले कि अंगुली काटे सिवाय कवनो विकल्प नइखे ।  अंगुली पूरा कुचां गइल बा ।  एह लोग के सहमति से अंगुली काटा गइल ।  चेहरा के चमडा पूरा रगडा गइल रहे ।  समय लागल सब घाव भरे में।  सुलोचना के चेहरा पर कटल फटल के निशान साफ झलके।  पहिले लेखा सुनरई ना रह गइल रहे सुलोचना के।

बाकिर अंधविश्वासी लोग अलगे राग अलापे लगलें कि बिना बाभन आ बिना पतरा के कुलगन में वियाह के दिन धराई त एह लेखा दुर्घटना होइबे नू करी।  बडी चलाक बनत रहन सं ।  अबो आंख खुली तब नू ओहनी के।

वियाह के तैयारी जोर शोर से चलत रहे।  घाव पूरा ठीक हो गइल ।  सुलोचना के बाबूजी के मन में डर समा गइल कि का जाने वियाह करी लोग कि का करी लोग।  सुलोचना पहिले लेखा अब चल ना पावे ।  कारण कि पांव के अंगुली कटा गइल रहे।  चले के गति थोरे कम हो गइल रहे। सब कुछ समान्य हो गइल ।  फेर एक दिन सुलोचना के देखे खातिर रघुवीर मेहता सपरिवार अइले ।  देखला के बाद सब परिवार थोरे फरका हट के राय सलाह कइले ।

रघुवीर मेहता कहले,”  हम जानत बानी गौतम कुमार भाई तोहरा मन में का चलत बा।  तू  डेरा गइल बाड़ कि वियाह करीहें कि ना?  सुलोचना के अंगुली का कटल बा अगर पूरा पैर कटा गइल रहीत तबो वियाह होइत।  ई बात सुन के सुलोचना के बाबूजी के आंख डबडबा गइल ।  आ कहलें,” इहे तोहरा से उम्मीद रहे रघुवीर भाई।  आज साबित हो गइल कि आंबेडकरी विचारधारा के जड़ कतना मजबूत आ कतना गहिड होला जे कवनो आफत विपत आंधी तूफान ना हिला सकेला।

खूब धूमधाम से बौद्ध रीति आ संविधान के शपथ वर वधू लेलें आ वियाह भइल ।  फालतू खर्चों आ दिखावा ना करके साधारण तरीका से वियाह कके एगो नया लीक गढ़ल गइल ।  अब देखे के रह गइल ई लीक पर के चली ?

एगो नफरत आ जातीय भेदभाव के बीआ  इनिकर तिलके के दिन रघुवीर मेहता के गोतिया लोग एह वियाह में रोप देलें रहे । ढेर लोग बरात में ना आईल रहे ना तिलक के दिन खइले रहे।

” एगो छोट जात के घरे वियाह होई आ हमनी के खा लीं जा ?   ई संभव नइखे ।  हमनी के ऊंच कुलखानदान के , आ असोक सम्राट के हमनी के वशंज हईं  जा ।  एगो छोट जात में बेटा के वियाह कके  हमनी के जात आ समाज के ऊपर मान सम्मान आ प्रतिष्ठा पर दाग लगा देलें रघुवीर ।  एकरा मय घर में आ रसोई घर के सब बरतन बासन एगो चमईन छुई आ ओकरे हाथे बनल खायक कइसे खइहें सं। , ई सोचिए के ओकाई आवता ।  ई ससुरा के कइसे एगो चमईन के हाथ के बनावल खायक मुंह में घोंटाई।  ई साला कलयुग ना भटयुग इहे लेके आ गइले सं ।  एकरा आपन जात भाई में लइकी ना मिलत रहे ? अब इहो चमार हो गइल।  एहनी के छूअल पानी के पी ?  एकरा के भात भवधी से लेले सब कुछ में छांट दिआई तबे जाके सरिआई  ।    जल्दीए एगो जातीय पंचायत बइठल एह मुद्दा पर कि रघुवीर मेहता के काहे ना जातीय बहिष्कार होई ?  ई  हमनी के जात आ समाज के मान मर्यादा के माटी में मिलावे के काम कइले।  पंचायत में सभे रघुवीर मेहता  के खिलाफ बोलत

(  7   )

रहे।  ढेर लोग के कहनाम रहे कि आपन जात में इनिका लइकी ना मिलत रहे?   एगो छोट जात में आपन बेटा के वियाह कके  बहुत बड़ गलती कइले ।  केहू इनिका समर्थन में ना बोलल।   एक स्वर आ सबके सहमति से इनिका के जात आ समाज से बहिष्कार कइल जाता।  अब इनिका  परिवार से,  ना केहू बोली, ना कवनो किसिम के सहयोग करी, ना  केहू सहयोग ली।  ना लेन देन केहू करी।  सरपंच फैसला सुनवले।

अपना सफाई में का कहल चहब रघुवीर?  फेर मत कहिह कि हमरा के कुछ कहे के पंचायत मोका ना देले ।

हमरा विशेष कुछ नइखे  कहे के।  बस्स अतने कहब कि सबके सद् बुद्धि होय।

 

  •     राम यश अविकल

पकडी गैस एजेंसी के दक्षिण

पोस्ट – पकड़ी आरा

जिला —  भोजपुर ( बिहार)

मोबाइल नंबर 7903405469

Related posts

Leave a Comment