पाती रचना मंच आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अधिवेशन सम्पन्न

काल्ह दिनांक-16दिसम्बर2023के पाती रचना मंच आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के तत्वावधान में अधिवेशन सम्पन्न भइल जवना में ” पाती अक्षर सम्मान”, “भोजपुरी के बढत डेग” विषय पर विचार गोष्ठी आ काव्य गोष्ठी शामिल रहे। सर्व श्री दिनेश पाण्डेय ,शशि प्रेमदेव  आ शिवाजी पाण्डेय ‘रसराज’ जी के “पाती अक्षर सम्मान” से सम्मानित कइल गइल।  एकरा बाद “भोजपुरी के बढत डेग” विषय पर सर्व श्री प्रकाश उदय जी,प्रो0 सदानंद शाही, प्रो0 पी राज सिंह आदि द्वारा आपन – आपन विचार दिहल गइल। अल्पाहार के बाद कवि गोष्ठी सम्पन्न भइल जवना में डॉ अशोक द्विवेदी , रसराज जी, शशि प्रेमदेव जी, पवन तिवारी , मोहन जी सत्यान्श , शंकर शरन, कवि मिथिलेश गहमरी, अशोक पाण्डेय , गाजीपुर, दिनेश पाण्डेय , पटना , फतेहचंद “बेचैन” आदि के संगे हमरो काव्यपाठ भइल। पूरा कार्यक्रम के संचालन श्री के के सिन्हा द्वारा बहुत सुंदर ढंग से भइल। कार्यक्रम के अंत में पाती के यशस्वी सम्पादक आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन, बलिया इकाई के संरक्षक डॉo अशोक द्विवेदी i द्वारा श्री के के सिन्हा जी के विश्व भोजपुरी सम्मेलन बलिया इकाई के मुख्य सचिव आ जनार्दन शर्मा जी के सचिव पद खातिर घोषणा कइल गइल जवना के मौजूद सभे लोग तहेदिल से स्वागत आ अभिनन्दन कइल।

रिपोर्ट – अशोक कुमार तिवारी

Related posts

Leave a Comment