ट्रू मीडिया के एगो सराहनीय प्रयास

गाजियाबाद! ट्रू मीडिया ग्रुप का ओरी से गाजियाबाद मे एगो बहुते नीमन काम शुरू कइल गइल। ट्रू मीडिया वेब चैनल पर भोजपुरी आपन जगह बनावे मे सफल भइल। ट्रू मीडिया के डाइरेक्टर ओमप्रकाश प्रजापति के नेह आ भोजपुरी खाति लगातार काम करे खाति जगहा हेरत रहे वाला भोजपुरी कवि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी का अगुवई मे भोजपुरी भावांजलि के आज रेकार्डिंग ट्रू मीडिया स्टूडिओ मे भइल ह। एह बैनर से अब बतकही, भावांजलि आ बतकुचन के रेकार्डिंग आ प्रसारण हर सप्ताह मे होत रही।

Read More