पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा गाजियाबाद के होली मिलन समारोह मनावल गइल

हर बरीस के तरे असवों पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा गाजियाबाद के होली मिलन समारोह अग्रसेन भवन गाजियाबाद में मनावल गइल। समारोह में मुख्य अतिथि का रूप में गाजियाबाद के मेयर श्रीमती आशा शर्मा जी आउर समारोह अध्यक्ष का रूप में विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे जी आ विशिष्ट अतिथि का रूप मे विधायक अजीत पाल त्यागी जी सिरकत कइलें। सभे सम्मानित अतिथि लोगन का साथे संस्था के चेयरमैन केदार नाथ तिवारी जी आ अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव जी दीप प्रज्वलन कइके समारोह के आगाज कइने। पूर्व मेयर प्रत्यासी रोमी…

Read More

साँचो संस्कार भारती गाजियाबाद मे अन्हरिया मे हलचल भइल

संस्कार भारती गाजियाबाद अपना मासिक संगोष्ठी मे भोजपुरी के शलाका पुरुष आचार्य पाण्डेय कपिल के इयाद कइलस । संस्कार भारती के ध्येय गीत आ सरस्वती बंदना के बाद भोजपुरी कवि आ संस्कार भारती शास्त्री नगर इकाई के अध्यक्ष जे पी द्विवेदी के संयोजन आ निर्देशन मे मुख्य अतिथि पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव जी आ भोजपुरी कवि मनोज भावुक जी आचार्य पाण्डेय के चित्र पर माल्यार्पण कइने । फेर उहवाँ उपस्थित सभे कवि लोग आचार्य पाण्डेय के पुष्पांजलि अर्पित कइने । एह अवसर हिन्दी आ भोजपुरी के जवन…

Read More

गाजियाबाद के धरती से पहिली बेरा कवनों भोजपुरी किताब के लेखन आउर लोकार्पण भइल —-

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के लिखल भोजपुरी काव्य संकलन ” पीपर के पतई ” के लोकार्पण कल पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के आहूत परिचरचा “भोजपुरी भाषा के रचनात्मक आंदोलन ” जवन कविनगर स्थित वरिष्ठ नागरिक मनोरंजन केंद्र मे भइल । भोजपुरी भाषा के विकास खाति का करल जा सकेला , कइसे करल जा सकेला , एह आंदोलन मे अबे तक का का भयल बा , कब से भोजपुरी के रचनात्मक आंदोलन शुरू भइल आउर आगे एह आंदोलन के कइसे गति दीहल जा सकत बा , एहु बात पर विचार कइल गइल ।…

Read More