विशेष सूत्र संगमनगरी इलाहाबाद में शनिवार, 26 मई, 2018 के दिन देश-विदेश के भोजपुरिया बुद्धिजीवी लोग के जुटान भइल आ भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची मे शामिल कइला से लेके भोजपुरी के अश्लीलता मुक्त बनवले तक क बात उठल । मौका रहे राष्ट्रीय मासिक पत्रिका “भोजपुरी संगम” आ संस्था “भोजपुरी विकास एवं शोध संस्थान” के ओर से आयोजित भोजपुरी उत्सव “मांई” के । कार्यक्रम के उदघाटन उत्तर प्रदेश के महिला आ परिवार कल्याण मंत्री श्रीमती स्वाती सिंह कइलिन । कार्यक्रम के मुख्य अतिथि भारत में माॅरीशस के राजदूत श्री…