जोर-शोर से उठल भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के मांग

नई दिल्‍ली: भोजपुरी के संविधान के  आठवीं अनुसूची में शामिल करे  के  मांग एक बेर फेर  बहुत जोर-शोर से उठावाल  गइल। अवसर रहल इंडिया इंटरनेशनल सेंटर में विश्व भोजपुरी सम्मेलन आ भोजपुरी समाज दिल्‍ली के संयुक्त तत्वावधान में अंतरराष्‍ट्रीय मातृ भाषा दिवस के अवसर पर आयोजित ‘भोजपुरी हमार माँ – मनन, मंथन और मंतव्‍य’ विषयक विचार गोष्‍ठी के । मुख्य अतिथि श्री हरिवंश, उपसभापति राज्यसभा रहने । कार्यक्रम के मुख्य अतिथि आ  राज्यसभा के उप सभापति श्री हरिवंश ने कहने  कि भोजपुरियन  में बहुत ऊर्जा बाटे। ओह ऊर्जा के सदुपयोग…

Read More

भोजपुरी के साहित्यकार सम्मानित भइने

आजु हिन्दी भवन में “संस्कार संस्कृति समृद्धि ट्रस्ट के पहिलके वार्षिकोत्सव में भोजपुरी के तीन गो साहित्यकार लोगन मनोज भावुक,केशव मोहन पाण्डेय आ जे पी द्विवेदी के ‘हरीश गुप्ता साहित्य सम्मान’ से नवाजल गइल।तीनों जने के सम्मान ओज के वरिष्ठतम कवि आदरणीय कृष्ण मित्र जी आ आध्यात्मिक गुरु पवन सिन्हा जी दीहने !  

Read More

ट्रू मीडिया के एगो सराहनीय प्रयास

गाजियाबाद! ट्रू मीडिया ग्रुप का ओरी से गाजियाबाद मे एगो बहुते नीमन काम शुरू कइल गइल। ट्रू मीडिया वेब चैनल पर भोजपुरी आपन जगह बनावे मे सफल भइल। ट्रू मीडिया के डाइरेक्टर ओमप्रकाश प्रजापति के नेह आ भोजपुरी खाति लगातार काम करे खाति जगहा हेरत रहे वाला भोजपुरी कवि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी का अगुवई मे भोजपुरी भावांजलि के आज रेकार्डिंग ट्रू मीडिया स्टूडिओ मे भइल ह। एह बैनर से अब बतकही, भावांजलि आ बतकुचन के रेकार्डिंग आ प्रसारण हर सप्ताह मे होत रही।

Read More

सर्वभाषा ट्रस्ट के वार्षिकोत्सव मनावल गइल

भाषा, साहित्य, कला आउर संस्कृति के संरक्षण-संवर्धन के खाति समर्पित संस्था सर्व भाषा ट्रस्ट दिल्ली के साहित्य अकादमी सभागार में पहिलका वार्षिकोत्सव के आयोजन कइल गइल।अपने सोवागत भाषण में सर्व भाषा ट्रस्ट के परिकल्पना आउर ओकरे योजनावन पर अध्यक्ष अशोक लव विस्तार से चरचा कइने। उ भविष के योजनन के चर्चा कइने। सचिव रीता मिश्रा आ समन्वयक केशव मोहन पाण्डेय वार्षिक रिपोर्ट पढ़ने। कार्यक्रम के मुख्य अतिथि श्री अजीत दुबे जी भाषा के महातिम  बतावत सर्व भाषा की कार्य-योजनावन के  सरहलें। कार्यक्रम के शुरुआतेमे  देश के युवा ओडिसी नृत्यांगना सुश्री…

Read More

भोजपुरी साहित्य उत्सव मे भोजपुरी साहित्य सरिता के विशेषांक क विमोचन भइल

भोजपुरी असोशिएशन ऑफ इंडिया’ (भाई) दिल्ली चैप्टर के संगे मैथिली भोजपुरी अकादमी, दिल्ली सरकार आउर  मंगलायतन यूनिवर्सिटी के साझा  प्रयास से राजधानी में ‘भोजपुरी लिटरेचर फेस्टिवल 2018’ के  आयोजन, हिन्दी भवन दिल्ली में भइल। उद्घाटन सत्र में वरिष्ठ पत्रकार ओंकारेश्वर पाण्डेय, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अध्यक्ष अजीत दुबे, संपादक प्रमोद कुमार, अभिनेता सत्यकाम आनंद दीप प्रज्ज्वलन कइलें आउर  आपन-आपन विचार रखलें ।एह मोका पर ‘भोजपुरी असोशिएशन ऑफ इंडिया, दिल्ली चैप्टर के समन्वयक जलज कुमार अनुपम‌ एह फेस्टिवल‌ के उदेश्य ‘भोजपुरी भाषा के गौरवशाली इतिहास से नयी पीढ़ी के  रुबरु करावल…

Read More

माँ गंगा पर एगो महा काव्य गोष्ठी सम्पन्न भइल

संस्कार भारती गाजियाबाद 25-11-2018 रविवार के एगो महा काव्य गोष्ठी “माँ गंगा ” विषय पर भइल। एह गोष्ठी में 8 जिलन के 210 कवि लोगिन आपन काव्य पाठ कइलन। कार्यक्रम के पाँच गो कक्ष मे  40-40 कवि लोग सरस्वती विद्या मन्दिर नेहरू नगर गाजियाबाद में आपन काव्यंजलि अर्पित कइलन ।कार्यक्रम के शुरुवात महापौर श्रीमती आशा शर्मा के दीप प्रज्ज्वलन से भइल। वाणी वन्दना कवयित्री इन्दु शर्मा आ पं हरि ओम शर्मा जी अपने शिष्यन के संगे ध्येय गीत के संगीतमय पाठ कइलन।कवि गोष्ठी मे बाबा योगेन्द्र पद्मश्री केसानिध्य मिलल।5 कक्षन…

Read More

लाल विहारी लाल के लोक गीत आ छठ गीत के शूटिंग भइल

नई दिल्ली। कवि,लेखक,पत्रकार आ समाजसेवी लाल बिहारी लाल के 4 गो लोक गीत आ तीन गो छठ गीत के शूटिंग प्रज्ञा म्यूजिक कंपनी खातिर कक्ड़ फार्महाउस में भइल जेकर निर्देशक पी. कृष्णा हवे, जेमें स्वर देहले बानी सुपर स्टार लोक गायक राधे श्याम रसिया,हीरा पाठक,पूनमपांडे और अमित मिश्रा आ संध्या संगम। एकर बोल बा- हमरा सक लागता,गर्दा उड़ावेलू, मेरी जान सोना,जान हाजिर बा, हे छठी मईया रखिह सेनुरवा के लाज, बहंगी लचकत जाये, बढ़ गइल महंगाई हो छठी मईया । ई सब गीत प्रज्ञा म्यूजिक कंपनी प्रा. लि.कंपनी से रिलीज होई।अमित मिश्रा…

Read More

युवाओं का साथी हिंदी आउर भोजपुरी सेवी-लाल बिहारी लाल

आदर्श भोजपुरी क्षेत्र अऊर तीन ओर गंगा, गंडक, घाघरा से घिरल सारण छपरा के धरती कई गो लाल के जन्म देले बा जेइमें भोजपुरी के महाकवि लक्ष्मी सखी, बाबू रघुवीर नरायण , महेन्द्र मिसिर समेंत कई लोग बा जे आपन लेखनी से इ देश आ समाज के खूब सेवा कईले बा। एही सारण के धरती से गांव भाथा सोनहो में स्व. सत्यनारायण साह,अऊर स्व. मंगला देवी के घरे जनम लिहले लाल बिहारी लाल कवनों परिचय के मोहताज नईखन। लाल बिहारी लाल गउवा के स्कूल में पढ़ लिख के आगे बढ़ले जे आज वाणिज्यआउर उद्योग मंत्रालय,नई दिल्ली में…

Read More

दिसम्बर में दिल्ली में होई भोजपुरी लिट्रेचर फेस्टिवल

नई दिल्ली भोजपुरी एसोसिएशन आॅफ इंडिया के दिल्ली चैप्टर के काल्ह आतंरिक बैठक में ई निर्णय लिहल गइल कि एह साल दिसम्बर के महीने में दिल्ली में ‘भोजपुरी लिट्रेचर फेस्टिवल’ के आयोजन कइल जाई। एकरा खातिर  रजिस्ट्रेशन 15 अक्टूबर से ‘भोजपुरी लिट्रेचर फेस्टिवल डाॅट काॅम’ पर कइल जा सकेला । असोसिएशन के मानल जाव त एह फेस्टिवल के बहाने भोजपुरी के सगरो सांस्कृतिक आ सामाजिक पहलुअन के समेटे के कोशिश होई। एह मोका पर मुख्य रुप से दिल्ली चैप्टर से केशव मोहन पाण्डेय, राजेश कुमार माँझी,जयशंकर प्रसाद द्विवेदी, राजीव उपाध्याय,…

Read More

अशोक प्रहरी संस्था के छठवां भव्य राष्ट्रीय भोजपुरी कवि सम्मेलन सम्पन्न भइल

गाजियाबाद।  रविवार दिनांक 16/09/2018  के लोहिया नगर के हिन्दी भवन में अशोक प्रहरी संस्था के छठा भव्य राष्ट्रीय भोजपुरी कवि सम्मेलन एह बाति का गवाह बा कि भोजपुरी कविता के उछाह हिन्दी कविता से तनिकों कम नइखे। एह कवि सम्मेलन में दिल्ली– एनसीआर, यूपी व बिहार भोजपुरी भाषा के जन- प्रिय कवि लोग हिस्सा लीहले आउर देर राति ले सभे आपन लोक भाषा के सुगंध आउर ओकरे कवितई के सुघरई से श्रोता लोग सराबोर होत रहलें। एह मोका पर कार्यक्रम के मुख्य संयोजक अशोक श्रीवास्तव जी कहलें कि भोजपुरी भाषा…

Read More