“भोजपुरी रचना आ आलोचना” के विमोचन

भोजपुरी के मशहूर आ प्रतिष्ठित लिखनिहार डॉ अशोक द्विवेदी जी के लिखल किताब “भोजपुरी रचना आ आलोचना” के विमोचन 29 अक्टूबर 2019, मंगल का दिने दिल्ली में साहित्य अकादेमी के सभागार में होखे जा रहल बा. फिरोजशाह मार्ग पर बनल रवीन्द्र भवन के एह सभागार के तीसरा माला पर मौजूद कान्फ्रेन्स हॉल में होखे वाला एह बइठकी के अध्यक्षता पुरनिया लिखनिहार आ साहित्य अकादेमी के अध्यक्ष रह चुकल आचार्य विश्वनाथ प्रसाद तिवारी करब. “समकालीन भारतीय साहित्य” के सम्पादक डॉ ब्रजेन्द्र त्रिपाठी, दिल्ली विश्वविद्यालय के प्राध्यापक आ मशहुर लिखनिहार डॉ अल्पना…

Read More

हिन्दी दिवस समारोह में पुस्तक विमोचन, परिचर्चा आ कविता के सरिता बहल

आजु 14 सितंबर संझा हिन्दी दिवस का उपलक्ष में “सुभाष वादी समाजवादी पार्टी गाजियाबाद” का कार्यालय पर “हिन्दी: कल आज और कल” पर परिचर्चा आ काव्यगोष्ठी के भव्य आयोजन सम्पन्न भइल, जवना में पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अशोक श्री वास्तव जी समारोह अध्यक्ष रहलें आ अभिनंदन तिवारी जी कार्यक्रम के अध्यक्षता कइलें।प्रमुख वक्ता कवि और लेखक आदरणीय मोहन द्विवेदी जी आ भाई सतेन्द्र यादव जी हिन्दी के स्वतन्त्रता आंदोलन से लेके आज तक का स्थिति पर आपन विचार रखलें। गौतम बुद्ध नगर की कला व संस्कृति प्रकोष्ठ की अध्यक्षा कवयित्री श्रीमती ममता सिंह…

Read More

भोजपुरी साहित्य सरिता के ISSN मिलल

भोजपुरी मासिक पत्रिका “भोजपुरी साहित्य सरिता” के ISSN  मिलल। शतत लागल रहला के फल आज मिलिये गइल। बहिनी डॉ सुमन सिंह के हूरपेटल आ अनुज केशव मोहन पाण्डेय के साथ आ नेह फेर जुझारू बनि के कुछ सोझा राखे के चाह से आज जवन पल भेंटाइल ह,ओकरा के 2 बरीस से जोहत रहनी ह। असफलता दर असफलता के बादो लागल रहला के नतीजा आज मिलिये गइल। भोजपुरी साहित्य सरिता के issn———

Read More

भोजपुरी साहित्य सरिता आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद मोहन द्विवेदी के सनमान कइलस

दिनाँक 6/7/19 के साँझी के भोजपुरी साहित्य सरिता आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद इकाई के संयुक्त तत्वावधान में गाजियाबाद के हिन्दी व्यंग के एगो बरियार हस्ताक्षर मोहन द्विवेदी जी का सम्मान में ‘सम्मान समारोह आ काव्य-संझा’ के आयोजन भइल। एह समारोह के अध्यक्षता सुभाषवादी भारतीय समाजवादी पार्टी (सुभास पार्टी) के राष्ट्रीय अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव जी कइनी। विशिष्ट अतिथि का रूप में सुभास पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता सतेन्द्र यादव,सोसल एण्ड मोटिवेसनल ट्रस्ट के अध्यक्षा ममता सिंह आ संस्कार संस्कृति समृद्धि ट्रस्ट के अध्यक्ष विवेक गोयल रहलें। कार्यक्रम के शुभारंभ में अतिथि…

Read More

गाजियाबाद के भोजपुरी साहित्यकार के मिलल पं धरीक्षण मिश्र साहित्य सम्मान

गाजियाबाद के सुप्रसिद्ध भोजपुरी कवि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के उनुका पहिलका भोजपुरी कविता संग्रह ‘पीपर के पतई’ खातिर सर्वभाषा ट्रस्ट का ओरी से पं धरीक्षण मिश्र साहित्य सम्मान से नवाजल गइल। उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला जवन भगवान बुद्ध के परिनिर्वाण स्थली का रूप मे जानल जाला, उहवें गत 23 मार्च के सर्व भाषा ट्रस्ट, ‘जर्नलिस्ट्स वेलफेयर ऑर्गेनाइजेशन’ आउर ‘नवप्रभा मंच’ के संगे भगवान बुद्ध के परिनिर्वाण स्थली, अज्ञेय के जन्म-स्थली, कुशीनगर में ‘पं. धरीक्षण मिश्र साहित्य सम्मान 2018’ के आयोजन भइल रहे। ओही समारोह में ई सम्मान विधायक रजनीकान्त…

Read More

पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा गाजियाबाद के होली मिलन समारोह मनावल गइल

हर बरीस के तरे असवों पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा गाजियाबाद के होली मिलन समारोह अग्रसेन भवन गाजियाबाद में मनावल गइल। समारोह में मुख्य अतिथि का रूप में गाजियाबाद के मेयर श्रीमती आशा शर्मा जी आउर समारोह अध्यक्ष का रूप में विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे जी आ विशिष्ट अतिथि का रूप मे विधायक अजीत पाल त्यागी जी सिरकत कइलें। सभे सम्मानित अतिथि लोगन का साथे संस्था के चेयरमैन केदार नाथ तिवारी जी आ अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव जी दीप प्रज्वलन कइके समारोह के आगाज कइने। पूर्व मेयर प्रत्यासी रोमी…

Read More

डॉ अशोक द्विवेदी के “सेतु-सम्मान ” से सम्मानित कइल गइल

पिछला दिने 23-24 फरवरी 2019 के वाराणसी में भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के कार्यक्रम में भोजपुरी के वरिष्ठ कवि-कथाकार डा०अशोक द्विवेदी के, भोजपुरी में उनका खास आ लमहर योगदान दिहला खाति, भोजपुरी के सबले बड़का सम्मान , “सेतु-सम्मान ” से सम्मानित कइल गइल। भोजपुरी साहित्य जगत मे सभे के पता बा कि डा. अशोक द्विवेदी, बरीस 1979 से लगातार निकलत, भोजपुरी दिशाबोध की पत्रिका “पाती” के सम्पादक हईं. द्विवेदी जी के दर्जन भर से अधिका किताब प्रकाशित  हो चुकल बाड़ी सँ. एहमें हालही में प्रकाशित उपन्यास वनचरी त भोजपुरी साहित्य…

Read More

जोर-शोर से उठल भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के मांग

नई दिल्‍ली: भोजपुरी के संविधान के  आठवीं अनुसूची में शामिल करे  के  मांग एक बेर फेर  बहुत जोर-शोर से उठावाल  गइल। अवसर रहल इंडिया इंटरनेशनल सेंटर में विश्व भोजपुरी सम्मेलन आ भोजपुरी समाज दिल्‍ली के संयुक्त तत्वावधान में अंतरराष्‍ट्रीय मातृ भाषा दिवस के अवसर पर आयोजित ‘भोजपुरी हमार माँ – मनन, मंथन और मंतव्‍य’ विषयक विचार गोष्‍ठी के । मुख्य अतिथि श्री हरिवंश, उपसभापति राज्यसभा रहने । कार्यक्रम के मुख्य अतिथि आ  राज्यसभा के उप सभापति श्री हरिवंश ने कहने  कि भोजपुरियन  में बहुत ऊर्जा बाटे। ओह ऊर्जा के सदुपयोग…

Read More

भोजपुरी के साहित्यकार सम्मानित भइने

आजु हिन्दी भवन में “संस्कार संस्कृति समृद्धि ट्रस्ट के पहिलके वार्षिकोत्सव में भोजपुरी के तीन गो साहित्यकार लोगन मनोज भावुक,केशव मोहन पाण्डेय आ जे पी द्विवेदी के ‘हरीश गुप्ता साहित्य सम्मान’ से नवाजल गइल।तीनों जने के सम्मान ओज के वरिष्ठतम कवि आदरणीय कृष्ण मित्र जी आ आध्यात्मिक गुरु पवन सिन्हा जी दीहने !  

Read More

ट्रू मीडिया के एगो सराहनीय प्रयास

गाजियाबाद! ट्रू मीडिया ग्रुप का ओरी से गाजियाबाद मे एगो बहुते नीमन काम शुरू कइल गइल। ट्रू मीडिया वेब चैनल पर भोजपुरी आपन जगह बनावे मे सफल भइल। ट्रू मीडिया के डाइरेक्टर ओमप्रकाश प्रजापति के नेह आ भोजपुरी खाति लगातार काम करे खाति जगहा हेरत रहे वाला भोजपुरी कवि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी का अगुवई मे भोजपुरी भावांजलि के आज रेकार्डिंग ट्रू मीडिया स्टूडिओ मे भइल ह। एह बैनर से अब बतकही, भावांजलि आ बतकुचन के रेकार्डिंग आ प्रसारण हर सप्ताह मे होत रही।

Read More