किताबि के लोकार्पण आउर परिचर्चा

एगो ऐतिहासिक पुस्तक ‘ भोजपुरी साहित्य में महिला रचनाकारन के भूमिका’ क लोकार्पण आउर परिचर्चा के कार्यक्रम 20 जनवरी के गांधी शांति प्रतिष्ठान, दिल्ली में सायं 5 बजे से राखल गइल बा। मालूम होखे कि ओह कार्यक्रम के अध्यक्षता सर्व भाषा ट्रस्ट के अध्यक्ष श्री अशोक लव करिहें, मुख्य अतिथि गीत-पुरुष पं हरिराम द्विवेदी जी बानी आ उद्घाटनकर्ता पूर्वांचल भोजपुरी महासभा के अध्यक्ष श्री अशोक श्रीवास्तव बानी। नाट्य-मंच रंगश्री के संस्थापक श्री महेंद्र प्रसाद सिंह, डॉ सुनीता, डॉ मुन्ना पाण्डेय, रश्मि प्रियदर्शिनी, सतीश त्रिपाठी, सुनील सिन्हा, राजीव उपाध्याय आदि कार्यक्रम…

Read More

भोजपुरी साहित्य जगत खाति एगो दुखद समाचार

भोजपुरी साहित्य जगत खाति एगो दुखद समाचार बा। भोजपुरी के वयोवृद्ध साहित्यकार अक्षयवर दीक्षित जी के 13 जनवरी के लंबा बेमारी का बाद उहां के निधन उहां के सिवान आवास पर हो गइल। मीरगंज , सीवान में 2 जुलाई 1930 के जनमल दीक्षित जी डी.ए.वी. सीवान में शिक्षक रहनी आ सारन जिला हिन्दी साहित्य सम्मेलन, सारन जिला भोजपुरी साहित्य सम्मेलन , अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, विश्व भोजपुरी सम्मेलन,भोजपुरी विकास मंडल, सीवान के कई गो पदन पर रह के साहित्यिक संगठन का कार्य संपादित कइलीं ।सतहहवा , श्रद्धाञ्जलि , नवज्योति…

Read More