“भोजपुरी रचना आ आलोचना” के विमोचन

भोजपुरी के मशहूर आ प्रतिष्ठित लिखनिहार डॉ अशोक द्विवेदी जी के लिखल किताब “भोजपुरी रचना आ आलोचना” के विमोचन 29 अक्टूबर 2019, मंगल का दिने दिल्ली में साहित्य अकादेमी के सभागार में होखे जा रहल बा. फिरोजशाह मार्ग पर बनल रवीन्द्र भवन के एह सभागार के तीसरा माला पर मौजूद कान्फ्रेन्स हॉल में होखे वाला एह बइठकी के अध्यक्षता पुरनिया लिखनिहार आ साहित्य अकादेमी के अध्यक्ष रह चुकल आचार्य विश्वनाथ प्रसाद तिवारी करब. “समकालीन भारतीय साहित्य” के सम्पादक डॉ ब्रजेन्द्र त्रिपाठी, दिल्ली विश्वविद्यालय के प्राध्यापक आ मशहुर लिखनिहार डॉ अल्पना…

Read More