नेता जी के भाषण

शुरू बाटे एलेक्शन के एक्शन, चारु ओर गुलजार हो गइल बा । केहू के नेता जी लगतानि जीजा, केहू नेता जी के सार हो गईल बा शुरू बाटे एलेक्शन के एक्शन, चारु ओर गुलजार हो गइल बा । नेता जी दे तानी ई भाषण – हमार होखे दी एक बार शाषण, हरदम चलत रही लात- जूता सुनब की सदन में मार हो गइल बा शुरू बाटे एलेक्शन के एक्शन, चारु ओर गुलजार हो गइल बा । हम जितब गरीबी मिटाएब हमहू लुटेब ,रउरो से लुटवाएब जिअत बच गइनी तब रउवा…

Read More

जिन्दगी के सहेली- पहेली भइल

जिन्दगी के सहेली- पहेली भइल , नीब से भी कसोतर करेली भइल l जे बुराई में बूड़ल उहे सांच बा , उनके जिम्मा सियासत हवेली भइल l जे बा जाहिल ऊहे आज सरदार बा , बोली उनकर त चम्पा चमेली भइलl अब कहाँ जाके ईमान जोखबि सभे, जोखे वाली ही चम्पत झरेली भईल l खोजअ् ‘सोनी’ झुमक तू नयन मुंदि केे , सब इंहें बा ना कुछुओ बरेली गइल l @सोनी सुगंधा

Read More