सर्वभाषा ट्रस्ट के वार्षिकोत्सव मनावल गइल

भाषा, साहित्य, कला आउर संस्कृति के संरक्षण-संवर्धन के खाति समर्पित संस्था सर्व भाषा ट्रस्ट दिल्ली के साहित्य अकादमी सभागार में पहिलका वार्षिकोत्सव के आयोजन कइल गइल।अपने सोवागत भाषण में सर्व भाषा ट्रस्ट के परिकल्पना आउर ओकरे योजनावन पर अध्यक्ष अशोक लव विस्तार से चरचा कइने। उ भविष के योजनन के चर्चा कइने। सचिव रीता मिश्रा आ समन्वयक केशव मोहन पाण्डेय वार्षिक रिपोर्ट पढ़ने। कार्यक्रम के मुख्य अतिथि श्री अजीत दुबे जी भाषा के महातिम  बतावत सर्व भाषा की कार्य-योजनावन के  सरहलें।

कार्यक्रम के शुरुआतेमे  देश के युवा ओडिसी नृत्यांगना सुश्री मेघना बारीक के मंगलाचरण नृत्य से भइल। एह आयोजन में पुस्तक लोकार्पण के कार्यक्रम रहल जवना मे सबसे पहिले ‘सर्व भाषा’ पत्रिका के तीसरके अंक के लोकार्पण भइल, ओकरे बाद डोगरी आ हिंदी के साहित्यकार यशपाल निर्मल के डोगरी पुस्तक ‘डोगरी लोक कत्था ते मानवीकरण’ के लोकार्पण भइल। लोकार्पण के क्रम में मधु त्यागी के पुस्तक ‘स्पंदन’, शालिनी शर्मा के पुस्तक ‘श्रीजीता’, सर्व भाषा ट्रस्ट के अध्यक्ष अशोक लव के व्याकरण के दू गो पुस्तक आउर  राजीव पाण्डेय के पुस्तक ‘शब्दांजलि’ के लोकार्पण भइल।

एह वार्षिकोत्सव में श्री ओ पी मोहन आ श्री अजीत दुबे के लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड से नवाजल गइल। विशिष्ट अतिथि डॉ. वेदप्रकाश पाण्डेय, अशोक श्रीवास्तव, सुनील सिन्हा, राजेश भंडारी ‘बाबु’ के ‘गेस्ट ऑफ ऑनर’ दीहल गइल । ओह कार्यक्रम में देश के 32 साहित्यकारन (प्रतीक द्विवेदी, रामकुमार गुप्त, राम गौतम, अरुणिश अंकित ‘गुलमोहर’, मनोज कुमार ‘मंजू’, लज्जराम राघव ‘तरुण’, सुवर्णा जाधव, जितेंद्र यती ‘अच्युत’, शशि श्रीवास्तव, नीलू सिन्हा, रत्ना पांडे, अंकुर मिश्र, डा टी. रवीन्द्रन, प्रो. हरप्रीत सिंह, मधु त्यागी, मधु गोयल, संज्ञा श्रीवास्तव, डा छतरसिंह वर्मा, भुवन बिष्ट, पूनम मिश्र, डा. मोनिका देवी, ज्ञानप्रकाश ‘पीयूष’, राजेश भंडारी ‘बाबु’, चेतन आनन्द, डा. राजेश खुशदिल, राजेन्द्र निगम ‘राज’, डा. जयप्रकाश मिश्र, भगत राम मंडोत्रा, अपराजिता अनामिका, कमला शर्मा कमल, प्रभा शर्मा व कु. आफरीन) के उनके पहिलकी प्रकाशित हिंदी पुस्तक के खाति ‘सूर्यकांत त्रिपाठी निराला साहित्य सम्मान 2018, दीहल गइल।

‘सर्व भाषा’ पत्रिका के 26 साहित्यकारन (डाॅ. मनोज तिवारी, रितिका शर्मा, प्रदीप पाण्डेय, डॉ रामरक्षा मिश्र विमल, गुलरेज़ शहजाद, राजकुमार श्रेष्ठ, डाॅ. सरोज कुमार त्रिपाठी, आशा पाण्डेय ओझा, नीलम पाण्डेय ‘नील’, प्रदीप कुमार दाश ‘दीपक’, मंजू भट्टाचार्य, रक्षित दवे, जलज कुमार अनुपम, एस. पी. मिश्र, जयशंकर प्रसाद द्विवेदी, राजकुमार अनुरागी, चिराग दुआ, आलोक कुमार तिवारी, अजीत आज़ाद, डाकोर कल्याणी लिंगराम, मनदीप गिल धड़ाक, डॉ विवेक पाण्डेय, राजीव उपाध्याय, नवीन पांडेय व डॉ सुमन सिंह) के उनुका संपादन-सहयोग खाति‘सर्व भाषा सम्मान 2018’ दीहल गइल । कार्यक्रम में ‘सर्व भाषा ट्रस्ट’ के सदस्यन के सदस्यता सम्मान-पत्र दीहल गइल ।

कार्यक्रम के संचालन तरुणा पुंडीर, इंदु मिश्र ‘ किरण’, सुरभि मेंदीरत्ता, पूजा कौशिक, मधु त्यागी, श्वेता, आभा जैन, केशी गुप्ता, जलज कुमार अनुपम डॉ मनोज तिवारी, भावना मिलन अरोड़ा मंच आउर मंच से परे, कुल्हि रूप में संवरलें।

कार्यक्रम के अंतिम सत्र में भव्य कवि-सम्मेलन के  आयोजन भइल। कवि-सम्मलेन में देश भर से अनेक भाषा के कवि लोग आपन रचना सुनवलें। अंत में सर्व भाषा ट्रस्ट के समन्वयक केशव मोहन पाण्डेय अपने प्रायोजकन  – हर्फ़ प्रकाशन, हैमन्स एंड ओरिजिन्स रेमिडी, मेलवेल सोलुशन, आशा हर्बल आयल आ द्वारका परिचय के संगे  देश के कोना-कोना से आइल सहित्यकारन , साहित्य-प्रेमियन  आउर  विद्वानन  के प्रति आभार प्रकट कइलें।

Related posts

Leave a Comment