लॉक डाउन के कर समर्थन

लॉक डाउन के कर समर्थन घर में रह बंद
ना त काल आई हो , तत्काल आई हो
 
सोशल डिस्टेंसिंग के भैया, मान अब त बात हो
छोड़ कईल नादानी ना त, हो जाई घर में घात हो
मान बात सरकार के , घर में रह बंद
ना काल आई हो, तत्काल आई हो. . . . .
 
काम होखे बहुत जरूरी, तबहीं जा बाजार हो हित-नाता से दूर रह, तब ना होइब बीमार हो नियम कानून पर ध्यान द, हो जा अब पाबंद
ना काल आई हो तत्काल आई हो. . . . .
 
लाल बिहारी करे निहोरा, घड़ी -घड़ी धोअ हाथ हो .
पीएम सीएम कहले भैया मान अब त बात हो
रह सुरक्षित अपने आसपास ना राख गंद
ना काल आई हो तत्काल आई हो. . . . .
गीतकार-लाल बिहारी लाल

Related posts

Leave a Comment