माँ गंगा पर एगो महा काव्य गोष्ठी सम्पन्न भइल

संस्कार भारती गाजियाबाद 25-11-2018 रविवार के एगो महा काव्य गोष्ठी “माँ गंगा ” विषय पर भइल। एह गोष्ठी में 8 जिलन के 210 कवि लोगिन आपन काव्य पाठ कइलन। कार्यक्रम के पाँच गो कक्ष मे  40-40 कवि लोग सरस्वती विद्या मन्दिर नेहरू नगर गाजियाबाद में आपन काव्यंजलि अर्पित कइलन ।कार्यक्रम के शुरुवात महापौर श्रीमती आशा शर्मा के दीप प्रज्ज्वलन से भइल। वाणी वन्दना कवयित्री इन्दु शर्मा आ पं हरि ओम शर्मा जी अपने शिष्यन के संगे ध्येय गीत के संगीतमय पाठ कइलन।कवि गोष्ठी मे बाबा योगेन्द्र पद्मश्री केसानिध्य मिलल।5 कक्षन में क्रमशः डा कुँअर बेचैन, डा सीता सागर,प्रो वागीश दिनकर,पं सुरेश नीरव,डा अनिल वशिष्ठ ,मासूम गाजियाबादी,डा पुष्पा सिंह विसेन(,भोजपुरी,) डा राजेश माँझी (भोजपुरी), केशव मोहन पाण्डेय ( भोजपुरी),अध्यक्ष एवं मुख्य अतिथि के रूप मे रहे।कार्यक्रम का संचालन पीयूष मालवीय, डा तारा गुप्ता, जयशंकर प्रसाद द्विवेदी (भोजपुरी) ,सोनम यादव, ब्रह्म प्रकाश वशिष्ठ कइलन।श्रद्धेय कृष्णमित्र के कविता के वाचन भइल।कार्यक्रम में एगो कक्ष भोजपुरी कवियन के रहे। जवना मे  अशोक श्रीवास्तव, वीणा वादिनी चौबे, राजीव उपाध्याय जइसन वरिष्ठ कवि रहने।मेरठ प्रान्त के सह महामंत्री चन्द्र भानु मिश्र, प्रान्त मंत्री संदीप दत्ता, साहित्य संयोजक बाबा कानपुरी संरक्षक पं हरिदत्त शर्मा,गाजियाबाद के विभाग संयोजक डा राजीव पांडेय, अध्यक्ष डा वीणा मित्तल,सीमा सिंह, ब्रजनंदन पचौरी,भूपेन्द्र त्यागी, आर पी बंसल,संयोजक डा जय प्रकाश मिश्र ,उपाध्यक्ष विनोद पान्डेय की उपस्थिति रहल।

Related posts

Leave a Comment