कहाँ हमसे कुछऊ बतावल गइल बा।
सही बात हरदम छुपावल गइल बा।1।
मोहब्बत के नागिन गइलि काटी के जब
जहर देके हमके जियावल गइल बा।2।
जवन आग सीना के भीतर लगेला
उ पानी से कहवाँ बुतावल गइल बा।3।
कहेके सुनेके न तनिको पता बा
इहे लूर तहके सिखावल गइल बा।4।
सभे लोग पागल भइल बा अनेरे
कहीं फिर से दारू लुटावल गइल बा।5।
ग़ज़ल गीत गावल कहाँ खेल हउवे
करेजा के एमन जरावल गइल बा।6।
- संदीप राज आनंद