भोजपुरी साहित्य सरिता आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद मोहन द्विवेदी के सनमान कइलस

दिनाँक 6/7/19 के साँझी के भोजपुरी साहित्य सरिता आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद इकाई के संयुक्त तत्वावधान में गाजियाबाद के हिन्दी व्यंग के एगो बरियार हस्ताक्षर मोहन द्विवेदी जी का सम्मान में ‘सम्मान समारोह आ काव्य-संझा’ के आयोजन भइल। एह समारोह के अध्यक्षता सुभाषवादी भारतीय समाजवादी पार्टी (सुभास पार्टी) के राष्ट्रीय अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव जी कइनी। विशिष्ट अतिथि का रूप में सुभास पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता सतेन्द्र यादव,सोसल एण्ड मोटिवेसनल ट्रस्ट के अध्यक्षा ममता सिंह आ संस्कार संस्कृति समृद्धि ट्रस्ट के अध्यक्ष विवेक गोयल रहलें। कार्यक्रम के शुभारंभ में अतिथि लोगिन के संगे भोजपुरी के सुप्रसिद्ध कवि आ टीवी एंकर मनोज भावुक आ श्रीमति तनुजा द्विवेदी दियरी जरा के कइलीं। सबसे  पहिला सरोज त्यागी  आ रिया श्रीवास्तव सरस्वती वंदना का संगे सुघर शुरुवात कईली। फेर स्वागत गीत श्रीमति तनुजा द्विवेदी जी प्रस्तुत कइलीं। ओकरे बाद मंचीय अतिथि लोगन के सनमान माला,अंग वस्त्र आ प्रतीक चिन्ह से सुनील सिन्हा जी आ टीम कइलस। आजु के मुख्य अतिथि मोहन द्विवेदी जी के विधिवत सनमान मंचीय अतिथि लोगन द्वारा सम्पन्न भइल।

कार्यक्रम के दोसरका सत्र के शुरुवात कवि लोगन के सम्मान से शुरू भइल। फेर त हिन्दी आ भोजपुरी के संगम में गोता लगावे से केहु ना बाचल। जहवाँ हिन्दी के अंतराष्ट्रीय कवयित्री डॉ रमा सिंह का संगे बाबा कनपुरी, डॉ जयप्रकाश मिश्रा, डॉ श्वेता त्यागी आ डॉ पुष्पा सिंह विसेन अपने गीत आ कविता आउर हास्य व्यंग का साथे सभे के बान्हे में सफल रहलें उहवें भोजपुरी के परचम लहरावे खातिर मनोज भावुक,केशव मोहन पाण्डेय,सरोज त्यागी, सुनील सिन्हा के छटा निहारे जोग रहे। गाजियाबाद के भोजपुरी कवि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जे आजु के आयोजन कर्ता के संगे आपन कटनी गीत “बलइया लेहु ना’ से सभे के गाँव- गिरांव से जोड़े के परयास कइलें।  गर्वित पांडेय, प्रतिज्ञा दीक्षित आ संतोष भोजपुरिया अपने-पाने कविता आ गीत के संगे लोगन के धियान अपना ओरी खींचे में सफल रहलें। कवि सम्मेलन के अध्यक्षता बाबा कानपुरी जी कइनी आ अपने हिन्दी आ अवधी हास्य व्यंग के कवितन से सभे के मन मोह लीहनी। कविसम्मेलन का अंत में जे पी द्विवेदी धन्यवाद ज्ञापन कइलें फेर भोजन का बाद कवि आ श्रोता लोग एगो सफल कार्यक्रम के खूब सरहलें।

Related posts

Leave a Comment