भोजपुरी साहित्य जगत खाति एगो दुखद समाचार

भोजपुरी साहित्य जगत खाति एगो दुखद समाचार बा। भोजपुरी के वयोवृद्ध साहित्यकार अक्षयवर दीक्षित जी के 13 जनवरी के लंबा बेमारी का बाद उहां के निधन उहां के सिवान आवास पर हो गइल। मीरगंज , सीवान में 2 जुलाई 1930 के जनमल दीक्षित जी डी.ए.वी. सीवान में शिक्षक रहनी आ सारन जिला हिन्दी साहित्य सम्मेलन, सारन जिला भोजपुरी साहित्य सम्मेलन , अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, विश्व भोजपुरी सम्मेलन,भोजपुरी विकास मंडल, सीवान के कई गो पदन पर रह के साहित्यिक संगठन का कार्य संपादित कइलीं ।सतहहवा , श्रद्धाञ्जलि , नवज्योति , भोजपुरी निबंध सहित उहां के कई गो किताब प्रकाशित भइल बा। कई गो स्मारिका आ अभिनंदन ग्रंथन के संपादन कइले बानी। भोजपुरी खातिर छव सात दशक से लागल दीक्षित जी के साल 2017 में बिहार सरकार के भिखारी ठाकुर पुरस्कार से नवजलस । भोजपुरी साहित्य सरिता परिवार का ओर से भावभीनी श्रद्धांजलि।

Related posts

Leave a Comment