22 जून, 2025, गाजियाबाद, विश्व भोजपुरी सम्मेलन, गाजियाबाद इकाई द्वारा विचार संगोष्ठी आ सम्मान समारोह के आयोजन गणपति फार्म हाउस, अवंतिका II, गाजियाबाद में सम्पन्न भइल।
भोजपुरी के तीन दशक से गद्य लेखन में एगो स्थापित नाम अंकुश्री जी इहाँ मुख्य अतिथि रही आ वशिष्ठ अतिथि डॉ.मधुलिका बेन पटेल रहीं।
एह कार्यक्रम के दौरान अंकुश्री जी के संस्था द्वारा “भोजपुरी भाष्कर सम्मान” आ भोजपुरी काव्य लेखन खातिर डॉ.मधुलिका बेन पटेल के “भोजपुरी सौरभ सम्मान” प्रदान कइल गइल।
अंकुश्री साहित्यिक यात्रा पर विचार रखत भोजपुरी जन जागरण के अध्यक्ष आ कवि डॉ. संतोष पटेल बतवनी कि” अंकुश्री जी भोजपुरी गद्य आपन योगदान से भोजपुरी साहित्य में मानकीकरण के एगो बुनियाद रखनी।” मधुलिका बेन पटेल भोजपुरी आपन विचार रखत कहली कि “भोजपुरी में शोध के बहुत गुंजाइश बा।”
एह अवसर पर अंकुश्री जी कहनाम रहे कि “एतना कम समय में कार्यक्रम जेपी द्विवेदी जी करा देनी ई बहुत स्वागत योग्य बा।” कवि गोष्ठी में डॉ. संतोष पटेल, अनूप पाण्डेय, जेपी द्विवेदी, नित्यानंद मिश्रा आ मेनका सिंह आदि शामिल भइनी।
कार्यक्रम के अध्यक्षता कवि मोहन द्विवेदी कइनी आ आखिरी में उहां के मुक्तक आ गीत सुनवनी।
एह कार्यक्रम के संचालन जे पी द्विवेदी कइनी आ धन्यवाद ज्ञापन श्री मनोज तिवारी जी कइनी।
रिपोर्ट: डॉ संतोष पटेल