दिल्ली में धूमधाम से मनावल गइल सर्वभाषा ट्रस्ट के दोसरका वार्षिकोत्सव

भाषा, साहित्य, कला आउर संस्कृति के संरक्षण-संवर्धन खातिर समर्पित संस्था सर्व भाषा ट्रस्ट के दोसरका वार्षिकोत्सव बड़ा ही भव्य तरीका से गांधी शांति प्रतिष्ठान में आयोजित कइल गइल। वार्षिकोत्सव में देश के अलग-अलग भाग से लगभग चौबीसगो भाषा के साहित्यकारन, भाषाविदन, चित्रकारन आ अन्य विभूतियन के सम्मानित कइल गइल।

वार्षिकोत्सव में बतौर मुख्य अतिथि महामंडलेश्वर मार्तण्ड पुरी उपस्थित रहले। कार्यक्रम के अध्यक्षता सर्व भाषा ट्रस्ट के अध्यक्ष आ वरिष्ठ साहित्यकार श्री अशोक लव कइले।कार्यक्रम के शुरुआत दीप प्रज्ज्वलन आ माँ सरस्वती के प्रार्थना से भइल। अपना स्वागत भाषण में सर्व भाषा ट्रस्ट के समन्वयक केशव मोहन पाण्डेय ट्रस्ट के काम के विस्तृत जानकारी दिहले तथा अगिला योजना के प्रस्तुत कइले।

82 विभूतियन के भइल सम्मान
सर्व भाषा ट्रस्ट के वार्षिकोत्सव में लगभग 82गो विभूतियों के विभिन्न सम्मानन से सम्मानित कइल गइल। एह क्रम में महामंडलेश्वर जी के राष्ट्र रत्न से अलंकृत कइल गइल तऽ प्रेरक कार्य खातिर रोमी शर्मा, चंद्रकलामिश्रा आउर डाॅ. प्रभा कुमारी के ‘सुषमा स्वराज नारी गौरव सम्मान’ से संस्था के ओर से सम्मानित कइल गइल। उंहईं “श्रेष्ठ साहित्य संस्था सम्मान” एह साल पचास बरिस से साहित्य के सेवा करत ‘साहित्य सभा कैथल’ के दियाइल। ‘सर्व भाषा हरियाणवी लेखक सम्मान’ कृष्णा बाछल के तथा ‘माता चंपा देवी राष्ट्रीय कला सम्मान’ कौशलेश पाण्डेय, पवन वर्मा आ डाॅ. कुमुद सिंह के दियाइल। पं. बनारसी पाण्डेय स्मृति सम्मान यशस्वी साहित्यकार डाॅ. अशोक द्विवेदी के मिलल।

एह इसके पूर्व केवल कुमार केवल की डोगरी पुस्तक ‘कैसा बेल्ला आया ऐ’ डॉ किरण सोनी की पुस्तक ‘अतीत के झरोखे से’, आशु शर्मा की पुस्तक ‘नाराते’ व यशपाल निर्मल की पुस्तक छुट्टियां, मक्खन-मखाने व असली वारिस का लोकार्पण हुआ।
‘रामकृष्ण त्यागी स्मृति कथा सम्मान’ अनिता रश्मि को ‘दयावती त्यागी स्मृति सरस्वती सम्मान’ डाॅ. शुभदा पाण्डेय, श्याम सिंह त्यागी स्मृति हिंदी सेवा सम्मान’ डाॅ. प्रदीप उपाध्याय को ‘राजवती त्यागी स्मृति जीवन-गौरव सम्मान’ सोनू तँवर को तथा ‘सर्व भाषा पत्रकारिता सम्मान’ प्रियरंजन झा और रविशंकर मिश्र को दिया गया।
उसके पहले 14 विभूतियों को ‘सर्व भाषा सम्मान’ दिहल गइल, जवना में प्रवक्ता, सामाजिक कार्यकर्ता व समाजवादी विचारक अजीत सिंह, ललित ग्रोवर, अशोक श्रीवास्तव, डाॅ. हरीश झंडेई, नाट्य मंच रंगश्री के निदेशक व रंगकर्मी महेंद्र प्रसाद सिंह, डाॅ. मुन्ना के पाण्डेय, कुलदीप श्रीवास्तव, राजीव उपाध्याय, राकेश श्रीवास्तव, डाॅ. राजेश कुमार ‘माँझी’, शशि रंजन मिश्र, पंकज कुमार बसंत, पूजा बहार रहले। 24 लोग के ‘सर्व भाषा सेवा सम्मान’ से भी सम्मानित कइल गइल। ई सम्मान पावे वालन में यशपाल निर्मल, केवल कुमार केवल, तरुणा पुंडीर, इंदुमति मिश्र, मधु त्यागी, मुकेश यादव, डाॅ. मनोज तिवारी, आभा जैन, भावना मिलन अरोड़ा, सुनील कुमार सिन्हा, जयशंकर प्रसाद द्विवेदी, केशी गुप्ता, सुश्री श्वेता, विजय प्रकाश भारद्वाज, राजेश भंडारी ‘बाबू’, कविता पुंडीर, डाॅ. किरण सोनी, प्रदीप कुमार पाण्डेय, पूनम मिश्रा, अमित कुमार पाण्डेय।


भोजपुरी किताब बात-बतकही के लेखिका के भी मिलल सम्मान

भोजपुरी साहित्य खातिर ‘पं. धरीक्षण मिश्र साहित्य सम्मान’ डाॅ. सुमन सिंह, अनिल पाण्डेय ‘अकेला, कौशल मुहब्बतपुरी व सुशांत शर्मा के दियाइल। ओहीजा संस्कृत साहित्य खातिर ‘पं. अर्जुन तिवारी साहित्य सम्मान’ डाॅ. फिरोज आ प्रकाश रंजन मिश्र को दिहल गइल। कुमाउँनी भाषा खातिर ‘गिरीश तिवारी गिर्दा साहित्य सम्मान’ पूरन चंद्र कांडपाल , खुशालसिंह खनी, ज्ञान पंत, भुवन विष्ट आ नीलम पाण्डेय ‘नील’ के दियाइल। हिंदी भाषा खातिर सूर्यकांत त्रिपाठी निराला साहित्य सम्मान’ कल्पना मनोरमा, डाॅ. बसुन्धरा उपाध्याय, आनंद प्रकाश शर्मा, डाॅ. उषा किरण, युवा लेखक सर्वेश तिवारी ‘श्रीमुख’, डाॅॅ. आरती पाठक, बसंत कुमार शर्मा, शालिनी शर्मा, मनीष शुक्ल, डाॅ. किरण सोनी, लिली मित्रा, राजेंद्र श्रीवास्तव, डाॅ. श्याम बिहारी मिश्र आ डाॅ. गरिमा संजय दुबे के मिलल।
एह कार्यक्रम के संचालन तरुणा पुंडीर जी के निर्देशन में प्रदीप पाण्डेय, पारुल पाण्डेय, श्वेता आ भावना मिलन अरोड़ा लोग कइल। ओहिजा इंदुमति मिश्रा, जे पी द्विवेदी, केशी गुप्ता, यशपाल निर्मल, आभा जैन, मुकेश यादव भी पार्श्व मंच संचालन कइल लोग। अंत में सर्व भाषा ट्रस्ट के सचिव रीता मिश्रा आ वरिष्ठ उपाध्यक्ष मधु त्यागी जी कार्यक्रम में आइल सभे आगंतुकन के आ आयोजन के सहयोगियन के प्रति आभार प्रकट करत धन्यवाद ज्ञापित कइल लोग।

Related posts

Leave a Comment