डॉ अशोक द्विवेदी के “सेतु-सम्मान ” से सम्मानित कइल गइल

पिछला दिने 23-24 फरवरी 2019 के वाराणसी में भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के कार्यक्रम में भोजपुरी के वरिष्ठ कवि-कथाकार डा०अशोक द्विवेदी के, भोजपुरी में उनका खास आ लमहर योगदान दिहला खाति, भोजपुरी के सबले बड़का सम्मान , “सेतु-सम्मान ” से सम्मानित कइल गइल।

भोजपुरी साहित्य जगत मे सभे के पता बा कि डा. अशोक द्विवेदी, बरीस 1979 से लगातार निकलत, भोजपुरी दिशाबोध की पत्रिका “पाती” के सम्पादक हईं. द्विवेदी जी के दर्जन भर से अधिका किताब प्रकाशित  हो चुकल बाड़ी सँ. एहमें हालही में प्रकाशित उपन्यास वनचरी त भोजपुरी साहित्य के अनमोल हीरा मानल जाले।

Related posts

Leave a Comment