किताबि के लोकार्पण आउर परिचर्चा

एगो ऐतिहासिक पुस्तक ‘ भोजपुरी साहित्य में महिला रचनाकारन के भूमिका’ क लोकार्पण आउर परिचर्चा के कार्यक्रम 20 जनवरी के गांधी शांति प्रतिष्ठान, दिल्ली में सायं 5 बजे से राखल गइल बा। मालूम होखे कि ओह कार्यक्रम के अध्यक्षता सर्व भाषा ट्रस्ट के अध्यक्ष श्री अशोक लव करिहें, मुख्य अतिथि गीत-पुरुष पं हरिराम द्विवेदी जी बानी आ उद्घाटनकर्ता पूर्वांचल भोजपुरी महासभा के अध्यक्ष श्री अशोक श्रीवास्तव बानी। नाट्य-मंच रंगश्री के संस्थापक श्री महेंद्र प्रसाद सिंह, डॉ सुनीता, डॉ मुन्ना पाण्डेय, रश्मि प्रियदर्शिनी, सतीश त्रिपाठी, सुनील सिन्हा, राजीव उपाध्याय आदि कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि बानी।

पुस्तक लोकार्पण के कार्यक्रम सर्व भाषा ट्रस्ट आ भोजपुरी साहित्य सरिता के संयुक्त तत्वावधान में जे पी द्विवेदी व केशव मोहन पांडेय द्वारा कइल जा रहल बा।पुस्तक के सम्पादन एह दू लोगन के अलावा डॉ सुमन सिंह जी कइले बानी। भोजपुरी के पढ़निहार लोगिन में एह किताबि के खूब चरचा हो रहल बा।

Related posts

Leave a Comment